लिदी के पहिरो पीडित के ठोरी से आर्थिक सहजोग

मेघराज राय

जीराभवानी २० भादो

सिन्धुपाल्चोक के जुगल गाँवपालिका लिदी के पहिरो पीडितलोग के ठोरी से गईल एगो टोली राहत रकम हस्तान्तरण करके पिडा मे मलहम लगावेके काम कईले बा ।

शुक के अबेर राहत रोपेया लेके पुगल टोली शनिचर के सबेरे पहिरो पीडितलोग रहल अस्थायी आवास क्षेत्र जुगल गापा –१, बाँसखर्क पुग के पीडितलोग के हि राहत रकम हस्तान्तरण कईले बा ।

ठोरी गापा ४ मे बितल भादो २ गते लिदी पहिरो पीडितलोग के सहजोग करेके उद्देश्य से गठन भईल राहत संकलन समिति के प्रतिनिधिलोग सहभागी टोलि रु ६ लाख ४३ हजार रकम पीडितलोग के देहल टोलि मे सहभागी नेपाल तामाङ घेदुङ जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के अध्यक्ष ङेमा लामा पाख्रीन बतवनी ।

उनका मुताविक पुर्ण घर नोक्सानी भईल आ आफन्त भी पहिरो मे गुमावल १० घरधुरी के जनही रु ३० हजार के दर से, घरमात्र नोक्सानी होके विस्थापन भईल १८ घरधुरी के जनही रु १८ हजार ५ सय के दर से आ एक जने घायल के रु १० हजार राहत रकम देहल गईल बा ।

जुगल गापा –२ के लिदी मे बितल सावन ३० गते आईल पहिरो मे पर के मृत्यु भईल, घायल आ विस्थापन भईल परिवार के खातिर राहत रकम संकलन करे खातिर गठन भईल समिति बितल बुध के दिने रु ६ लाख ३४ हजार ५८८ रकम संकलन कईल एक सार्वजनिक कार्जक्रम मार्फत जानकारी करवले रहे ।

नेपाल तामाङ घेदुङ जिल्ला समन्वय समिति पर्सा अध्यक्ष पाख्रीन सहित राहत संकलन समिति संयोजक शिक्षक दल बहादुर स्याङ्बो, श्री मावि विजयवस्ती के प्रधानाध्यापक नारायण लामा, नेपाल तामाङ घेदुङ ठोरी गापा अध्यक्ष धन बहादुर थिङ, युवा बृजलाल पाख्रीन आ जीत बहादुर पाख्रीन के सहभागिता बा ।

गापा –२ मे सावन के अन्त्य ओरी आईल पहिरो मे पर के ३९ जने के मृत्यु भईल बा आ २ दर्जन से बेसी घर मे नोक्सानी पुगल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।