सिमाना मे भारतीय समूह के पिटाई से रामदेव के मृत्यु

सप्तरी २२ भादो

नेपाल–भारत सीमा क्षेत्र मे भारतीय नागरिक के समूह से पिटपाट कईला पर एकजने नेपाली नागरिक के मृत्यु भईल बा ।

भारतीय नागरिक बितल भादो ६ गते पिटपाट कईला पर सप्तरी के डाक्नेश्री नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ औरही निवासी रामदेव यादव घायल भईल रहलन ।

६५ बरीस के यादव के ईलाज के समय मे एतवार के रात बि.पी. कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान धरान मे मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी के प्रवक्ता तिलक भारती बतवले बानी ।

यादव से लगावल धानबाली मे भईंस चरावे आईल भारतीय समूह के गाली कइला पर यादव उपर पिटपाट भईल रहे ।

स्थानीय के मुताविक यादव सीमा लगेके आपन जमिन मे रोपल धानबाली मे भारत बिहार के मधुवनी जिल्ला लौकही के ७÷८ जने युवक भईस चरावे आईल रहलन ।
धानबाली मे भईंसी चरा रहल देखके यादव आ उनकर बेटा ललन गारी देहला पर भारतीय समूह लाठी तथा बाँस के भाटा से पिटपाट कईल स्थानीय के कहनाम बा ।
विराटनगर के कउनो अस्पताल भर्ना ना लेहलख
पिटपाट से गम्भीर घायल भईल यादव के ईलाज के खातिर राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल लिअईला पर भी इहाँ से विराटनगर रेफर कईल रहे ।

 

५ दिन तक विराटनगर के कउनो अस्पताल घुमईला पर भी कउनो अस्पताल भर्ना ना लेहल मृतक यादव के बेटा ललन बतवनी ।

विराटनगर के अस्पताल भर्ना ना लेहला के बाद उनका के धरान लेगईल रहे । धरान के अस्पताल से भर्ना लेहला पर भी ईलाज के समय मे उनकर मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे पिटपाट मे संलग्न मेसे एकजने भारतीय के नेपाल ओरी भईस चरावे आईल अवस्था मे स्थानीय पकड के पुलीस के जिम्मा लगवले बाडन ।

पकडाईल भारत के लौकही के १९ बरीस के प्रदीपकुमार यादव के इलाका प्रहरी कार्यालय कल्याणपुर के नियन्त्रण मे राख के पिटपाट शीर्षक मे मुद्दा चलईला पर भी अब ज्यान मुद्दा शीर्षक मे मुद्दा चलावे के प्रहरी प्रबक्ता तिवारी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।