अवैध घरेलु दारू भट्टी नोक्सान

प्रभु यादव

बारा ३० बैसाख

बारा के कोल्हवी नगरपालिका वार्ड नं.१० बछनपुर्वा टोल मे पुलीस अवैध घरेलु दारू भट्टी नोक्सान कईले बा ।

गाँव मे दारू बनारहल जानकारी भईल सूचना के आधार मे आजु मगर के दिन सबेरे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से प्र.नि.प्रशान्त श्रेष्ठ के कमाण्ड मे खटल प्रहरी टोली अवैध घरेलु दारू बनावेवाला १२ गो अवैध भट्टी नष्ट कईल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडल गईल भट्टी से दारू बनावेवाला कच्चा पदार्थ अन्दाजी १२ हजार लिटर, तइयारी दारू एक सय लिटर नष्ट कईल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी देहले बानी ।

प्रहरी चौकी मुसहर्वा, अस्थायी प्रहरी चौकि बसपार्क से खटल प्रहरी टोली विश्रामपुर गा.पा.वार्ड नं. ५ ईटियाही आ कलैया उ.म.न.पा.वार्ड नं.९ मे अवैध रुप मे चलारहल २ गो अवैध भट्टी से कच्चा पदार्थ अन्दाजी २ हजार लिटर नष्ट कईल गईल बारा प्रहरी जनकारी देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।