भुख हड्ताल रहल पूर्वमन्त्री के सिकाईत – घर भी जाए ना देहलन

जनकपुरधाम २४ भादो

पुलीस के थुना भितर मृत्यु भईल विजय राम के हत्यारा उपर कारवाही के माग करत आमरण अनसन मे रहल पूर्वमन्त्री विश्वेन्द्र पासवान खुद के पुलीस होटल मे बन्दी बनावल आरोप लगवले बानी ।

उ खुद के सिरहा के मिर्चैयास्थित होलिडे होटल भितर राखल बतवले बानी । ‘घर जाएके खोजत बानी माकिर घर जाए नइखन देहत’ कहके बतवनी ।

रौतहट के गरुडास्थित इलाका प्रहरी कार्यालय अगाडि आमरण अनसन बईठल पासवान के १८ भादो के रात पुलीस टोली धरान पुगवले रहे ।

स्वास्थ्य अवस्था कमजोर बनत गईला के बाद पुलीस उनका के धरान लेजाके ईलाज करवले रहे ।

चार दिन पहिले उनका के सिरहा लियावल गईल बा । सिराहा मे स्वाब संकलन करके राजविराजस्थित गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण करईला पर उनकर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

रिपोर्ट नेगेटिभ अईला पर भी होटल के एगो कोठरी भितर पासवान के राखल उनकर स्वकिय सचिव रोशन पासवान के कहनाम बा ।

अभी पासवान के देह मे कउनो समस्या ना रहला पर भी घर जाएमे रोक लगावल रोशन बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।