पुलीस के गाडी के ठोकर से एक के मृत्यु, दु जने घायल
रौतहट २४ भादो
नेपाल पुलीस के गाडी के ठोकर से एक जने के मृत्यु भईल बा आ दु जने घायल भईल बाडन ।
मंगर के रात करीब ९ बजे चन्द्रपुर ४ स्थित लमहापुल ओरी पूर्वपश्चिम राजमार्ग मे दुर्घटना भईल बा ।
दुर्घटना मे रौतहट के कटहरीया नपा ७ बगहिटोल के ६० बरीस के नथुनी महत्तो के मृत्यु भईल बा ।
उहे गाँव के ४५ बरीस के हसन्तरा खातुन आ सर्लाही बलरा के ५५ बरीस के जगदिश महतो घायल भईल बाडन ।
नेपाल पुलीस के प्रदेश कार्यालय जनकपुर के ना १ ग ४७९ के वानटन से ठोकर देहल पुलीस जनवले बा ।
वानटन चालक प्रहरी हवल्दार सन्तबहादुर थापा के नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान हो रहल जनावल गईल बा ।






