जनमत पार्टी के वीरगंज–१४ मे वार्ड कमिटी बनल

वीरगंज ०३ कुवार
जनमत पार्टी के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पिपरा मे वार्ड कमिटी गठन भईल बा ।
पार्टी पर्सा के जिल्ला ईन्चार्ज सन्तोस साह, पार्टी के महिला जिल्ला अध्यक्ष अनिता रौनियार, उपाध्यक्ष सबो खातुन आ सदसय नजमा खातुन, गैर आवासिय संघ कतार के सदस्य अफताब आलम सेक, जिल्ला सदस्य रामनरेश पटेल के विशेष उपस्थिति मे उ कमिटी गठन भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पिपरा मे बिनोद कुमार पटेल के संयोजकत्व मे ११ सदस्यीय वार्ड समिति गठन भईल बा ।
जनमत पार्टी से संविधान दिवस वीर शहिदलोग के सम्मान मे करिया झण्डा देखाके संविधान के विरोध कईल पार्टी के जिल्ला इन्चार्ज साह बतवनी ।
गठन भईल समिति के सदस्यलोग मे सन्देश पटेल, रोज महम्द, निरज पटेल, अजय पटेल, विरेन्द्र राम, ओम प्रकाश पटेल लगायत ११ सदस्यीय रहल जनावल गईल बा ।




