वीरगंज मे मधेस आन्दोलन के सहिद के शालीक अनावरण

वीरगंज ०८ फागुन

वीरगंज मे मधेस आन्दोलन के सहिदलोग के शालीक के शनिचर के दिने अनावरण कईल बा । घण्टाघर चोक स्थित प्रहरी चौकी के किनार के खाली जमिन मे नवनिर्मित सहिद स्मारक परिसर मे निर्माण कईल मधेस आन्दोलन के ७ जने सहिद के शालीक के आजु अनावरण कईल बा ।

पर्सा के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव आ वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय सरावगी संयुक्त रुप मे शालीक के अनावरण कईले बानी ।

सांसद यादव के संसदीय कोष के २८ लाख आ वीरगंज महानगरपालिका के १० लाख करके कुल ३८ लाख रोपेया के लागत मे सहिद स्मारक के साथे ७ जने सहिद के शालीक निर्माण कईल बा ।

नवनिर्मित सहिद स्मारक परिसर मे, २०७२ साल के मधेस आन्दोलन के समय मे वीरगंज मे भईल प्रदर्शन मे पुलीस के गोली लाग के ज्यान गुमावल सहिद धर्मराज सिंह, दिलिप चौरसिया, सोहन साह कलवार, भोलाप्रसाद तेली, दिनानाथ साह गोढ, शत्रुधन पटेल आ आशीष राम करके ७ जने सहिद के शालीक निर्माण कईल बा ।

जनता समाजवादी पार्टी पर्सा से आयोजना कईल शालीक अनावरण कार्जक्रम मे सहिद के परिवार के सम्मान भी कईल गईल रहे । शालीक अनावरण कार्जक्रम के सम्बोधन करत सांसद प्रदीप यादव मधेसी सहिद के बलिदानी के जग मे देश मे संघीयता, समावेशिता जईसन राजनीतिक उपलब्धी हासिल भईल बतवनी ।

उ, “मधेस आन्दोलन के सहिदलोग के बलिदानी से हि देश संघीयता, समावेशिता जईसन उपलब्धी मिलल बा, ओहिसे सहिद के बलिदानी हमनी के खातिर हरदम स्मरणीय रही ।” मधेस आन्दोलन आन्दोलन मात्र ना होके मधेस के आस्था सँगे जुडल जनविद्रोह भईल उ बतवनी ।

उ प्रधानमन्त्री केपी ओली के असंवैधानिक एंव प्रतिगमनकारी कदम से अभी संविधान मात्र ना होके मिलल राजनीतिक उपलब्धी भी संकट मे पडल बतवनी । एकरा के जोगावे खातिर फेनु एक बेर मधेसी जनता संघर्ष मे उतरल कहत उ जनता के जनविद्रोह से ओली घुडा टेकेके दाबी भी कइनी ।

सहिद स्मारक मे छुटल आउर ३ जने सहिद के शालीक भी जलदी निर्माण करेके प्रतिबद्धता भी उ जनवनी । जसपा के पर्सा अध्यक्ष रामनरेशप्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के नगर प्रमुख विजय सरावगी, प्रदेशसभा सदस्य करिमा बेगम, भीमा यादव, प्रह्लाद गिरी, जन्नत अन्सारी, सिंहासन साह कलवार, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सभापति नेक महम्मद अन्सारी, जसपा के केन्द्रीय सदस्यलोग मेनिका सिंह, शिव पटेल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन जसपा के जिल्ला सचिव तबरेज अहमद कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।