विद्यालय सञ्चालन के जिम्मा स्थानीय तह के देवेके पडि : नगरप्रमुख सरावगी

वीरगंज १६ कुवार
वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी विद्यालय सञ्चालन के जिम्मा स्थानीय तह के देवेके माग कईले बाडन ।
शुक के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ वैकल्पिक माध्यम से पठन पाठन करईला पर ६० प्रतिशत विद्यार्थी वञ्चित भईल आ पढाइ प्रभावकारी ना भईल जिकिर कइनी ।
“रेडियो, अनलाइन किलास खासे प्रभावकारी भी होखे ना सकि, काहेकि विद्यार्थी शिक्षक से प्रत्यक्ष जईसे सिख सकत बाडन ।
बतकही कर सकत बाडन । ओमे ना मिली” कहत उ, “रेडियो टिभी भा अनलाइन मे शिक्षक पढावत रहेलन, विद्यार्थी आपन ताल मे । भाषण सुनल जईसन होखेला ।”
बरु दु सिफट मे विद्यालय चलावे खातिर स्थानीय तह के जिम्मा देवेके उनकर कहनाम बा ।
“केन्द्र मात्र हरेक जगहा मे एगो बात लादके ना होखी । विकास निर्माण के काम बाद मे कईल जाई, शिक्षा आ स्वास्थ्य के प्राथमिकता मे राख के काम करेके पडि” नगर प्रमुख सरावगी कहनी कि, “विद्याललय सञ्चालन कईसे करेके कहके जिम्मेवारी पालिका के देहला से होखी ।
हमनी शिक्षक के आउर सेवा सुविधा देके भईला पर भी विद्यार्थी के शिक्षा से वञ्चित ना करेम ।” वीरगंज मे चईत ११ गते से हि विद्यालय बन्द बा । कैयन विद्यालयलोग के क्वारेन्टिन, आइसोलेसन सेन्टर तथा स्वाब संकलन केन्द्र भी बनावल गईल रहे ।
सुरक्षित सिकाइ परियोजना अन्र्तगत वीरगंज मे आयोजना कईल शिक्षकलोग के खातिर प्रशंसनीय खोज तालिम के उदघाटन करत नगर प्रमुख सरावगी विद्यार्थी से शिक्षक के हि आपन आइडल मानेवाला भईला से शिक्षक जिम्मेवार होके व्यवहारिक शिक्षा देवेके बतवनी ।
“घर मे ना मिलल वातावरण विद्यालय मे शिक्षक से देवेके पडि” कहत उ, “छोटा छोटा समस्या से विद्यार्थीलोग विद्यालय ना जालन ओकरा बारेमे बुझेके पडि ।”






