यातायात व्यवसायी मापदण्ड विपरीत यात्रु लेजारहल, ठगी मे पडल यात्रु के सिकाईत

प्रभु यादव
बारा १६ कुवार
कोरोना के महामरी से संसार के दु सय १६ देश मे लकडाउन भईल रहे । नेपाल मे चईत के ११ गते से सार्वजनिक गाडी सब बन्द रहल रहे ।
नेपाल सरकार स्वास्थ मन्त्रालय से सर्वजनीक गाडी सब सञ्चालन करेला मापदण्ड तईयार कर के सञ्चालन मे लियवले बा ।
बस, सिटी,माईक्रो बस सहित के भाडावाला गाडी मे बईठेवाला सिट मेसे आधा सिट पर यात्रा करेवाला के बईठा के भाडा दोबर कर के लेजाये के व्यवस्था करे के नियम बनवले बा ।
बस व्यवसायी लोग कलैया वीरंगज के भाडा ३० रोपेया के जगह ५० रोपेया भईल के बावजुद सिट भर के खाडा करा के जवरदस्ती लेजाए के काम कर रहल यात्री फुलमती राम जानकारी करावले बानी ।
पईसा भी जादा अउरी सभे लोग के भिड लगा के भेजला से गाडी चढेवाला लोग ठगारहल बा कहके राम जानकारी देहनी ।
कलैया ट्राफिक पोष्ट के ईन्चार्ज नवलकिशोर साह से जनकारी लेहला पर गाडीवाला नियम विपरीत यात्री चढावेवाला गाडी के कागज पत्र लेहल गईल बा अउरी सरकारी नियम के अनुसार कारवाही कईल जाए के जानकारी करावले बानी ।
कुछ गाडी के जरीवाना कर के अब फेरसे कईला पर गाडी पकड के विशेष कारवाही करे के प्रक्रिया अगाडि बढावे के साह जानकारी करावले बानी ।






