अलपाईन ईन्टरकलेज टी–२० क्रिकेट प्रतियोगिता शुरु

अलपाईन ईन्टरकलेज टी–२० क्रिकेट प्रतियोगिता शुरु

वीरगंज २७ माघ

अलपाईन ईन्टर कलेज टी–२० क्रिकेट प्रतियोगिता शनिचर से नारायणी क्रिकेट खेलमैदान मे सुरु भईल बा । आजु भईल उदघाटन खेल मे मिनील्याण्ड +२ कलेज विजयी सुरुवात कईले बा ।

टस जितके अल्पाईन सेकेन्डरी स्कुल पहिले ब्याटीङ्ग कईले रहे । ब्याटीङ्ग करत अल्पाईन सेकेन्डरी स्कुल पुरा २० ओभर खेलत ९ विकेट के क्षतिमे १०७ रन के योगफल तईयार कईले रहे । उनका खातिर रन्जीत चौहन ३०, मनिस पटेल २० आ ईसरार अहमद १५ रन बनवले रहलन । अल्पाईन सेकेन्डरी स्कुल के सुरुवात बढिया होखे ना सकल रहे । सुरुवात मे मिनीलेन्ड +२ कलेज के खेलाडीलोग अल्पाईन स्कुल के खेलाडीलोग के दबाव मे रखले रहलन । अल्पाईन स्कुल के कम स्कोर मे रोके खातिर मिनील्याण्ड के विशाल गुप्ता ४ ओभर मे १९ रन देके ३ विकेट हाथ परले रहलन । एहितरे रोहित साह आ रवी पटेल समान २–२ विकेट हाथ परले रहलन । अल्पाईन स्कुल के बाकी खेलाडीलोग रन आउट भईल रहलन ।

जीत के खातिर मैदान मे उतरल मिनील्याण्ड +२ कलेज १७.४ ओभर खेलत ५ विकेट के क्षति मे लक्ष्य पुरा कईले रहे । मिनील्याण्ड के जीत मे अखिल खान सबसे बेसी ३३ रन बनवले रहलन । विकास पटेल ३१ आ सुदिप यादव ११ रन बनवले रहलन । अल्पाईन स्कुल के रञ्जित चौहान २ आ रामप्रीत चौधरी १ विकेट हाथ परले रहलन । बाकी २ जने खेलाडीलोग रन आउट भईल रहलन । खेल के म्यान अफ दी मैच मिनील्याण्ड कलेज के विशाल गुप्ता घोषित भईल रहलन ।

पहिलका खेल मे अन्तर्राष्ट्रिय अम्पायर हिरालाल यादव आ बासुलाल कर्ण अम्पायर के भुमिका निभवले रहलन आ मैच रेफ्री के भुमिका मे कृष्णा झा रहल रहलन । ई प्रतियोगिता मे १६ गो स्थानिय कलेजसब के सहभागिता रहल प्रतियोगिता के संयोजक तथा अल्पाईन मावि के सञ्चालक बिनोद कुमार उपाध्याय जानकारी देहनी । प्रतियोगिता फागुन १९ गते तक चलेके आयोजक जानकारी देहले बा ।

प्रतियोगिता के उदघाटन सत्र संयोजक तथा अल्पाईन मावि के सञ्चालक बिनोद कुमार उपाध्याय के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी अन्तर्राष्ट्रिय खेलाडी मुसरफ ईजहर बैटीङ्ग करके खेल के समुदघाटन कईले रहनी ।

एहितरे कार्जक्रम मे पर्सा क्रिकेट संघ के अध्यक्ष तथा एनआई क्याम्पस के संचालक मनिस सिंह, उपाध्यक्ष मुर्तुजा हवारी, सचिव घनश्याम गुप्ता, जलालुदिन अंसारी, सदस्य मंजुर अन्सारी, मिनील्याण्ड +२ कलेज के प्रिन्सिपल जीतेन्द्र पटेल, कोर्डिनेटर दिपक पटेल, अल्पाईन स्कुल के क्रिकेट खेल के प्रशिक्षक कलामुदिन अंसारी, ग्लोबल बिजनेस कलेज के डाईरेक्टर राम चौधरी, मेरीगोल्ड मावि के प्रिन्सिपल अनमोल कोईराला लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन अल्पाईन स्कुल के प्रध्यापक विनोद श्रीवास्तव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।