पर्सा पुलीस पिडित के आउर पिडित बना रहल, दोषी उपर कारवाही के माँग

वीरगंज १६ कुवार
वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर पिटपाट मे संलग्नलोग के उन्मुक्ति देहला के बाद पुलीस उपर के जनविश्वास ओराए लागल पिडित परिवार के आरोप रहल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ के सभाहल मे आजु पिडित राकेश साह आ रमेश पासवान पत्रकार सम्मेलन करके अईसन आरोप लगवले बानी ।
घटना बिवरण मुताविक कुवार १३ गते सबेरे ८ः३० बजे रमेश पासवान के बेटा अजय पासवान के रास्ता मे पिटपाट कर रहल देखला के बाद सुजित साह झगडा छोडावला के कुछ समय के बाद वीरगंज २३ प्रसौनी बिर्ता के ईमरान अंसारी, ईरफान अंसारी, खुरसिद अंसारी, नुरसिद अंसारी, ग्यासुदिन मियाँ, मनिफ अंसारी आ कमरोदा अंसारी सहित के लोग स्थानिय राकेश साह के घर मे घुस के तीन बरीस के बेटी, आरुषी साह, भाई सुजित साह, माई धर्मशिला देवी, स्थानिय अजय पासवान आ निरज श्रेष्ठ के पिटपाट करके गम्भिर घायल बनावल पीडित पक्षधर बतवले बानी ।
पिटाई से गम्भिर घायल धर्मशिला देवी आ सुजित साह के वीरगंज न्युरो हस्पिटल वीरगंज मे आ अजय पासवान के सुर्य हस्पिटल मे ईलाज हो रहल जनावल गईल बा । पिटपाट करेवाला बिरुद्ध जाहेरी देहला पर भी पुलीस जाहेरी ना लेके आउर पिडा देवेके काम कईल बात पत्रकार सम्मेलन मे राकेश साह बतवनी ।
पिडित के ईलाज हो रहल समय आक्रमण करेवाला के उन्मुक्ति देके घटना दवावे खातिर पुलीस हि सक्रिय रहला से पुलीस हि दोषी के उन्मूक्ति देवेके आ निर्दोष के आउर डेरवावे के काम मे लागल पिडितलोग पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।
कुवार १८ गते एतवार तक पुलीस जाहेरी ना लेहला पर स्थानीय न्याय के पक्षधर के बीच मे जाएके आ सडक आन्दोलन करेके चेतावनी भी पत्रकार सम्मेलन मे पीडित रमेस पासवान बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे स्थानिय प्रहलाद गुप्ता लगायत स्थानियलोग के भी सहभागिता रहल रहे ।





