२२५३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, उपत्यका के १५९९ जने

काठमाण्डु १८ कुवार
पिछिलका २४ घण्टा मे २२५३ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
देशभर के प्रयोगशाला मे १२ हजार ७८४ नमुना परीक्षण कईला पर ८३० जनानी आ १४२३ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे ५३५ जने के मृत्यु भईल बा । ६४ हजार ०६९ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन, जउना मेसे पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र १३२९ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
अभी देशभर मे २२ हजार २१९ संक्रिय संक्रमित बाडन । ११ हजार ८९३ जने होम आ १० हजार ३२६ संस्थागत आइसोलेसन मे बाडन । उलोग मेसे २२६ जने के आईसीयू आ ३४ जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?
मन्त्रालय के मुताविक थपाईल संक्रमित मेसे १५९९ जने काठमाण्डु उपत्यका के बाडन । काठमाण्डु के १३७३ जने, ललितपुर के १८७ आ भक्तपुर के ३९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एहितरे मोरङ के ८१ जने, कैलाली के ५५, सुर्खेत के ५४, चितवन आ रुपन्देही ५२÷५२ जने, बर्दिया के ५०, नवलपुर के ४०, मकवानपुर के २२, कञ्चनपुर के २१, तनहुँ के १९, झापा के १६, पाल्पा के १५, नुवाकोट के १४, बाँके के १३ आ काभ्रे के १० जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
धनुषा आ दाङ के ९÷९ जने, सनसरी, पर्सा, धादिङ, सिन्धुपाल्चोक, दैलेख ८÷८ जने, बारा, सिराहा आ लमजुङ के ७÷७ जने, सर्लाही के ६, रौतहट आ प्युठान के ५÷५ जने, कास्की आ स्याङ्जा के ४÷४ जने, खोटाङ, सप्तरी आ बाग्लुङ के ३÷३ जने, उदयपुर, दोलखा, रसुवा, रामेछाप, रुकुम पूर्व आ सल्यान के २÷२ जने तथा भोजपुर, संखुवासभा, महोत्तरी, नवलपरासी, कालीकोट, डडेलधुरा, बझाङ आ बैतडी के १÷१ मे भी संक्रमण पुष्टि भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।






