प्रभु बैंक वीरगंज शाखा के अभद्र व्यवहार से सेवाग्राही आक्रोशित

वीरगंज १९ कुवार

प्रभु बैंक वीरगंज, आदर्शनगर शाखा सेवाग्रालोग से अभद्र व्यवहार कईला के साथे अपमान कर रहल बा । बैंक सेवाग्रहीलोग के बाहर कडा घाम मे खडा कईला से आपन पईसा निकाले आ राखेमे समस्या हो रहल बा ।
कोरोना महामारी के समय मे भी बैंक के गेट मे सामाजिक दुरी के धजिया उडावत बैंक भिड लगा रहल बा । माकिर बैंक भितर खाली आ रहेवाला जगहा भईला पर भी गार्डलोग सेवाग्राही से अभद्र व्यहार करत बाहर गेट बाहर खडा करके भिड लगा रहल बाडन ।

सेवाग्राही बाहर घाम बा भितर बईठे दिं कहला पर भी जाएके ना मिली कहत अपशब्द प्रयोग कईले बाडन । बैंक भितर राखल आपन पईसा निकाले आ जम्मा करे खातिर भी बैंक के अपमान सहेमे बाध्य भईल कहत सेवाग्राहीलोग आक्रोश जनवले बाड ।

बैंक के अईसन रवैया से बैंक भितर कोरोना भाइरस संक्रमण पाटेके आ बाहर केतना भिडभाड कईला पर भी ना पाटेके जईसन बैंक के नियत देखत गईल बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय बैंक संचालन कईला पर समाजिक दुरी के पालना करेके, अनिवार्य मास्क आ सेनिटाइजर के प्रयोग तथा स्वास्थ्य सुरक्षा अपनावे के देहल निर्देशन के भी पालना ना करके बैंक कोरोना के जोखिम बढा रहल सहजे जेकेहु भी देख सकता ।

उ सम्बन्ध मे बैंक के प्रबन्धक से बात करेके खोजला पर गार्डलोग पत्रकार के प्रबेश मे भी रोक लगवले बा । पत्रकार प्रबन्धक ज्यू से भेट करेके बा कहला पर भी गार्डलोग पत्रकार के प्रबेश मे रोक लगावत अपमान कईले बाडन ।

गार्डलोग के पत्रकार आपन परिचय पत्र देखईला पर भी बैंक भितर जाए के देहले नइखन । गार्ड बैंक के नम्बर मे बात करीं तबे जाए मिली कहत वीरगंजज के एक पत्रकार के उपर अभद्र व्यवहार कईले बाडन ।

ई बिषय मे बैंक के प्रबन्धक रोहिनी अचार्य से बुझला पर बैंक भित्र कोरोना पाटेके जोखिम बेसी भईला के चलते सेवाग्राही के बाहर रोकल बतवनी ।

बाहर सेवाग्राहीलोग के समाजिक दुरी पालना करके रहेके कहला पर भी ना मानला के चलते भिडभाड देखल गईल गैर जिम्मेवारपूर्ण जवाफ देहनी ।

पत्रकार के भी बैंक प्रबेश मे रोक लगावल सवाल के जवाफ मे बैंक के नम्बर मे फोन करके समय लेके भेट करे सकेके बतवनी ।

प्रभु बैंक के अईसन रवैया एगो प्रतिनिधि मूलक घटना मात्र ह । अईसन वीरगंज के अधिकांश बैंकसब के रवैया रहल बा । ओहिसे एकरा ओरी सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगल जरुरी रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।