बाल सुधार गृह मे सुरक्षा चुनौती बढल
वीरगंज २० कुवार
पर्याप्त सुरक्षाकर्मी ना भईला से बाल सुधार गृह मे सुरक्षा चुनौती आ कोरोना भाइरस सङ्क्रमण के जोखिम बढत गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–४ बिर्तास्थित सवा कट्ठा जमिन मे २०७५ साल मे स्थापना भईल बाल सुधार गृह मे अभी कोठरी के कमी रहल बा ।
कोठरी कमी के चलते एगो कोठरी मे सात से आठ जने नाबालक रहत अईला से कोरोना सङ्क्रमण जोखिम के सम्भावना बढल कार्यालय प्रमुख टीकाकृष्ण काफ्ले बतवले बानी ।
उ व्यापक सुरक्षा आ कोठरी के कमी मे नाबालक थुनुवासब छत से कुद के भागेके समस्या एकओरी रहल बा आ दोसर ओरी एगो कोठरी मे बेसी लईका रहला से कोरोना के उच्च जोखिम भी बढल बतवनी ।
कानूनी विवाद मे पर के १० बरीस से बेसी आ १८ बरीस से कम के ४४ जने बाल अभियुक्त उ गृह मे बाडन । उ मेसे अधिकांश ज्यान मुद्दा, सवारी ज्यान मुद्दा, जबर्जस्ती करणी, लागुऔषध, चोरी, डाँका जईसन जघन्य मुद्दा के बाल अपराधीलोग पुर्पक्ष के खातिर थुना मे रहल बाडन ।
उहे गृह मे एसिड काण्ड के अभियुक्त भी रहल बाडन । २०७६ साल भादो २० गते वीरगंज के बिर्तास्थित गणेशमान चौक लगे दु जने नाबालक विद्यालय जारहल अवस्था मे मुस्कान खातुन के चेहरा पर एसिड बिगले रहलन ।
बियफे के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद् के बईठक से अध्यादेशमार्फत एसिड प्रहार करेवाला के २० बरीस तक के कैद सजाय होखेवाला किसिम से अध्यादेश लियावल बा ।
उ गृह मे पुस्तकालय बाहेक आउर सुविधा ना भईला पर भी पढे चाहेवाला बाल अपराधी के पढाइ, पुस्तक के व्यवस्था तथा परीक्षा देवेके व्यवस्था भी सुधार गृह प्रशासन करत आईल बा ।
एहितरे, एडभोकेसी फोरम नेपाल प्रदेश नं २ जनकपुरधाम बाल सुधार गृह मे कोभिड–१९ के जोखिम न्यूनीकरण के खातिर रु एक लाख २० हजार मूल्य बराबर के अनेकन स्वास्थ्य सामान देहले बा ।
प्रदेश नं २ के संयोजक राजकुमार महासेठ बाल सुधार गृह कहल एक किसिम के कारागार हि ह जउन राज्य के नियन्त्रण मे रहल बा आ उ सामान से ई सुधार गृह मे रहल लईका के कोरोना सङ्क्रमित होखेसे बँचाई कहके विश्वास व्यक्त कइनी ।






