बारा के अनेकन नाका से पुलीस के अगुवाई मे तस्करी, सम्बन्धित निकाय मौन

प्रभु यादव

बारा २२ कुवार

बारा मे भारत से सटल मेन रास्ता पर तारबार लगईला पर भी बगल के रास्ता से खुल्लेयाम तस्करी होरहल बा ।
नेपाल सरकार से कोरोना भाइरस के प्रकोप से बँचेला सिमानाका बन्द कईले बा माकिर सिमा मे खटल पुलीस लोग पईसा के लालच मे पड के मेन रास्ता पर तार लगावले बा, अउरी बगल के रास्ता से तस्करी करवारहल स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा ।

भारत के छौडादानो से प्याज, आलु, चिनी, लताकपडा सिमाना पर रहल बन्कटवा मे राख के नेपाल के सन्तगंज के बगल के रास्ता से पुलिस लोग के ईसारा मे नेपाल लियारहल स्थानिय सतन ठाकुर बतवले बाडन ।

सन्तगंज मे रहल सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प आ कवहीगोठ मे रहल ईलाका प्रहरी चौकी के मिलिभगत मे भन्सार छल के लेजारहल स्थानिय राजन यादव जानकारी करावले बानी ।

सवर्ण गाँवपालिका के कवहीगोठ, बरियापुर, गंजभवानीपुर होत कोल्हवी तक तस्करी के समान पुगला के बाद काठमाण्डु पुग रहल बा ।

सन्तगज नाका से कवहीगोठ के प्रहरी, बरियारपुर, गंजभवानीपुर मे रहल सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प आ प्रहरी चौकी के साइकल के एक हजार, मोटरसाईकल के दु हजार अउरी जिप अटो से बेसी रोपेया के महिनवारी देहल जाला समान ढोवेवाला एक मजदुरा नाम ना छापे के शर्त मे ई दैनिक के बतवले बानी । सरोकारवाला मौन रहला से जनता मे शंका बढत जारहल बा ।

एक हप्ता से करिब भन्सार छल के लियावल समान सब पकड के भन्सार कार्यालय पेठावल गईल स्वयं साक्षी रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा ।

जवना से बन्द रहल सिमाना से कईसे लाखो लाख के समान पकडा रहल बा ।

कोरोना भाइरस के बहाना मे बन्द कर के जिल्ला से लेके चौक तक पईसा के खेल मे तस्करी बढल स्थानियबासी के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।