कोरोना से आउर १४ जने के मृत्यु, मृतक के संख्या ६०० से बेसी

काठमाण्डु २३ कुवार

कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर १४ जने के मृत्यु भईल पुष्टि भईल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे सुनसरी के ४, मोरङ, सप्तरी आ काठमाण्डु के २÷२ तथा झापा, सिराहा, ललितपुर आ बाँके के १÷१ जने के मृत्यु भईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय आ अनेकन प्रदेश सरकार के सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ६०० से बेसी पुगल बा ।

मोरङ कारागार मे रहल इटहरी उपमहानगरपालिका–४, सुनसरी के २० बरीस के पुरुष के शुक के दिने कोशी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । बियफे के सबेरे साढे अस्पताल भर्ना भईल उनका सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

धरान उपमहानगरपालिका–१२, सुनसरी के ४५ बरीस के कोरोना संक्रमित पुरुष के शुक के दिने नोबेल मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा ।

इटहरी–६, सुनसरी के ६८बरीस के पुरुष के बियफे के दिने बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा ।

उनका २० गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
दुहबी, सुनसरी के ५२ बरीस के संक्रमित पुरुष के शुक के दिने बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । मृतक मे मिर्गौला रोग के गम्भीर समस्या रहे ।

रंगेली नगरपालिका–४, मोरङ के ७२ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने नोबेल मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । थाइराइड आ फोक्सो सम्बन्धी समस्या भईल उनका बुध के दिने अस्पताल भर्ना कईल रहे ।

विराटनगर महानगरपालिका–१२, मोरङ के ५५ बरीस के जनानी के नोबेल मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा ।

बियफे के दिने संक्रमण पुष्टि भईल उनका श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद अस्पताल लेगईल रहे, माकिर कुछ देर मे हि मृत्यु भईल ।

झापा के २९ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल, महाराजगञ्ज मे मृत्यु भईल बा ।
डाक्नेश्वरी नगरपालिका–४, सप्तरी के ६७ बरीस के पुरूष के मृत्यु भईल बा ।

२१ कुवार मे संक्रमण पुष्टि भईल उनका श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद वीपी स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान लेजाए के समय रास्ता मे मृत्यु भईल बा ।

रुपनी गाँवपालिका–१, सप्तरी के ३३ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने काठमाण्डु मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा ।

उ मुटु सम्बन्धी रोग से भी पीडित रहनी ।
लहान नगरपालिका–६, सिराहा के ४८ बरीस के जनानी पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

बोखार अईला के साथे श्वासप्रश्वास मे समस्या होके १३ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनकर १९ गते मृत्यु भईल रहे ।

सामखुसी, काठमाण्डु के ८७ बरीस के जनानी के बियफे के दिने सशस्त्र प्रहरी अस्पताल बलम्बु मे मृत्यु भईल बा । २१ गते भर्ना भईल उनका २२ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

बुद्धनगर, कठमाण्डु के ७१ बरीस के पुरुष के बुध के दिने चिरायु अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १३ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ १४ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

थसिखेल, ललितपुर के ८४ बरीस के पुरुष के बियफे के दिने पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

दम, मधुमेह आ उच्च रक्तचाप के समस्या भईल उ २१ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

भेरी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल नेपालगञ्ज उपमहानगरपालिका–१, बाँके के ८५ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

२१ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनकर बियफे के सँझिया मृत्यु भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।