भारत से लियावल ११ गो पाडा सहित पिकअप भन्सार पेठावल गईल

प्रभु यादव
बारा २७ कुवार
बारा के प्रहरी कार्यालय के गस्ती टोली ११ गो पाडा सहित पिकअप पकडले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २० बस्तपुर से ना ४ च ३५५५ नम्वर के पिकअप मे लाद के भारत से चोरी करके कलैया ओर लियावे के क्रम मे पाडा आ दु जने के पकडले बा ।
पकडाईल भैंसी व्यापारी जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं.६ के सेख अख्तर गाडी चलारहल चालक इमताज अंसारी सहित पाडा ११ गो सहित भन्सार कार्यालय वीरंगज पठावल गईल प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।
पडा के करिब ७१ हजार पाँच सय आ पिकअप के ११ लाख के पिकअप सहित भन्सार पेठावल गईल बारा पुलीस जानकारी करावल गईल बा ।




