१४ वरीस से मानव बेचबिखन मुद्दा के फरार अभियुक्त पकडईलें

प्रभु यादव

बारा २१ फागुन

बारा मे १४ बरीस से मानव बेचबिखन मुद्दा मे फरार रहल एक आदमी पकडाईल बाडन ।

पकडाईल करैयामाई गाँवपालिका वार्ड नम्वर – ८ के ४६ बरीस के जगदीश दास रहल बानी । दास के सुकर के दिन पकड के बारा जिल्ला अदालत मे प्रहरी बुझावल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र विज्ञाप्ती जारी कर के जनकारी करावले बानी ।

मानव बेचबिखन तथा ओसार नियन्त्रण ऐन, २०६४ अन्तर्गत सम्मानित बारा जिल्ला अदालत से म्याद अनुमति लेके अनुसन्धान कार्य कईल जारहल मिश्र जनकारी करावले बानी ।

२०६३ साल मे सँझिया के करिब ७ बजे जिल्ला बारा साविक गा.वि.स.करैया वार्ड नं.८ स्थित करैया पुल मे काठमाण्डु से आईल बा २ ख ६४१ नं.के दिवा यात्रुबाहक बस के जिल्ला बारा गा.वि.स.नरही वार्ड नं.९ बेलाही टोल के रहनीयार जगदिश दास सहित के आदमी सब बस के अवरोध कर के रोक के बस के भितर प्रवेश कर के साथ मे राखल हाथहथियार (कटुवा बन्दुक) देखा के बस के मालिक जिल्ला खोटाङ्ग गा.वि.स.दिक्तेल वार्ड नं.२ घर भईल जिल्ला भक्तपुर मध्युपुरठिमि नगरपालिका वार्ड नं.१५ के रहनियार तारा कुमार खत्री के पकड के उनकरा साथ मे रहल नगद, मोबाइल आ घडी समेत छिन के अपरहण कर के फिरौती रकम ना मिलला पर भारत मे लेजाके बेचेके योजना अनुरुप आँखा मे पट्टी बाँध के जगदिश दास के घर मे बन्धक बना के राखल अवस्था मे पीडित उ स्थान से अपहरणकारी के आँखा छलके भागेमे सफल भईल रहलन ।

ओकरा प्रहरी उद्दार कर के जि.प्र.का.बारा मे लियाके जाहेरी बमोजिम मुद्दा दर्ता भईल प्रतिवादी फरार रहल पकडाईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।