३७४९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, ३५६४ जने संक्रमणमुक्त
काठमाण्डु २९ कुवार
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर ३ हजार ७४९ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देशभर के प्रयोगशाला मे १६ हजार ५९८ नमुना परीक्षण कईला पर १२३३ जनानी आ २४२७ पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे कुल संक्रमित के संख्या १ लाख २१ हजार ७४५ पुगल बा । उलोग मेसे ६९४ जने के मृत्यु भईल बा आ ८४ हजार ५१२ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र ३ हजार ५६४ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
देशभर ३६ हजार ५३३ सक्रिय संक्रमित बाडन । ३१४ जने के आईसीयू आ ६८ जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?
मन्त्रालय के मुताविक काठमाण्डु उपत्यका मे १ हजार ९३५ संक्रमित थपाईल बाडन, जउना मेसे काठमाण्डु के १६९२, भक्तपुरके १३४ आ ललितपुर के १०८ जने बाडन ।
एहितरे सुनसरी के ३२१ जने, मोरङ के १७२, रुपन्देही के १४६, दाङ के ११९, धादिङ के ११७, मकवानपुर के ९०, सुर्खेत के ७६, काभ्रे के ६७, चितवन के ६२, बाग्लुङ के ५८, कैलाली के ५५, कास्की आ दार्चुला के ३८÷३८ जने, बाँके के ३७, पर्सा आ सिराहा के २६÷२६ जने, नवलपरासी के ३२, डोटी के २८, धनुषा के २२, दैलेख के १७, बारा के १५ तथा गोरखा आ गुल्मी के १४÷१४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सिन्धुपाल्चोक के १३ जने, सिन्धुली के १२, उदयपुर, कपिलवस्तु आ बर्दिया के ११÷११ जने, रौतहट आ प्युठान के १०÷१० जने, रामेछाप के ९, सप्तरी आ नुवाकोट के ८÷८ जने, अछाम के ७, सर्लाही, नवलपुर, अर्घाखाँची आ पाल्पा के ६÷६ जने, दोलखा आ तनहुँ के ५÷५ जने, लमजुङ आ कालीकोट के ४÷४ तथा महोत्तरी, पर्वत आ बझाङ के ३÷३ जने मे भी संक्रमण देखलगईल बा ।
भोजपुर आ बतैडी के २÷२ जने तथा इलाम, ओखलढुंगा, तेह्रथुम, धनकुटा, पाँचथर, संखुवासभा, म्याग्दी, स्याङ्जा, रुकुम पूर्व, जुम्लाद, सल्यान, डडेलधुरा आ बाजुरा के १÷१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल मन्त्रालय जनवले बा ।






