अंग्रेजी माध्यम के नाम मे शुल्क असुल रहल सामुदायिक विद्यालय

रौतहट २९ कुवार

सरकार शिक्षा के पहुँच सभी मे पुगो कहके उदेश्य के साथ सामुदायिक विद्यालय मे माध्यमिक तह तक के शिक्षा के निःशुल्क कईले बा ।

अनिवार्य तथा निःशुल्क शिक्षा सम्बन्धी नियमावली २०७७ मे भी सामुदायिक विद्यालय से माध्यमिक तह तक के शिक्षा मे कउनो भी बहना मे शुल्क लेवेमे मनाही बा ।

माकिर रौतहट के गौर मे रहल देश के जेठ मेसे एक जुद्ध उच्च माध्यमिक विद्यालय मे विद्यार्थीसब से गैरकानुनी तरिका से शुल्क उठावल जा रहल बा ।

विद्यालय नेपाली माध्यम मे पडेवाला विद्यार्थीलोग के निःशुल्क अध्यापन करवले बाडन माकिर अंग्रेजी माध्यम मे पढेवाला विद्यार्थीलोग से बोर्डिङ्ग स्कुल मे जईसन मासिक शुल्क, भर्ना शुल्क, परीक्षा शुल्क आ पाठयपुस्तक के भी शुल्क तिरेके पडल विद्यार्थी तथा अभिभावक बतवले बाडन ।

एगो विद्यालय मे दु किसिम के शिक्षा से सार्वजनिक विद्यालय भितर भी धनी आ गरीब के वर्गीकरण भईल स्थानीय के कहनाम बा ।

एगो भवन भितर दु किसिम के पठनपाठन आ शिक्षा नियमावली के मजाक बनावत मासिक शुल्क सहित के विद्यालय संचालन भईला पर भी सम्बन्धित निकाय बेवास्था कईल स्थानीयवासी के आरोप बा ।

विद्यालय मे नयाँ भर्ना होखे गईल विद्यार्थीलोग से ई शैक्षिक सत्र मे नामांकन के तीन सय, मासिक शुल्क सात सय, परिचय पत्र कार्ड के १२० आ परीक्षा शुल्क एक सय रोपेया के दर से उठवले बा ।

किलास ९ मे नयाँ भर्ना भईल विद्यार्थी से एकमुष्ठ २ हजार ७२० रोपेया लेहल विद्यालय किलास मुताविक शुल्क निर्धारण कईले बा ।

विद्यार्थी संगठन के विरोध
समुदय मे रहल सार्वजनिक विद्यालयसब शिक्षा नियमावली के विरुद्ध विद्यार्थी से शुल्क उठावे लागला के बाद अनेकन विद्यार्थी सँगठनसब उ काम के विरोध कईले बाडन ।

‘जुद्ध उच्च माध्यमिक विद्यालय अंग्रेजी माध्यम के बहाना मे सरकारी विद्यालय भितर दोसर एगो विद्यालय खडा करके विद्यार्थी से शुल्क उठावल मिलल बा,’ अनेरास्वयू के केन्द्रीय सदस्य रवि मिश्र कहनी, ‘अईसे नियम विपरीत शुल्क उठईला पर भी सम्बन्धित निकाय मौन होके बईठल बा ।

सरकार से कहल अनिवार्य निःशुल्क शिक्षा के जुद्ध विद्यालय मजाक उडवले बा ।’ विद्यार्थी संगठनसब ई सम्बन्ध मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव के ध्यानाकर्षण पत्र भी बुझवले बाडन ।

शिक्षक के तलब देवे खातिर शुल्क ः प्राधानाध्यापक
विद्यार्थी के अनुपात मे शिक्षक दरबन्दी ना भईला से खुदसब समस्या मे पडल जुद्ध उच्च माध्यमिक विद्यालय के प्राधानाध्यापक चन्देश्वर राउत बतवनी ।

विद्यार्थी सँख्या बहुते भईल आ शिक्षक दरबन्दी कम भईला के बाद विद्यालय आपन श्रोत मे अंगे्रजी माध्यम के किलास संचालन कईल आ उहे मुताविक ३०० से ७०० तक शुल्क तोकल प्रधानाध्यापक राउत बतवनी । अंग्रेजी माध्यम मे पठापाठन करावेवाला शिक्षकलोग के तलब भी कम रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।