वीरगंज के गणेश अपार्टमेन्ट मे पुलीस के छापा, २२ किलो से बेसी सोना पकडाईल

वीरगंज ०१ कातिक

भन्सार क्लियरिङ एजेन्ट के काम करेवाला एक भारतीय व्यापारी के वीरगंज स्थित कोठरी से आजु पुलीस २२ किलो से बेसी सोना बरामद कईले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–५ स्थित रेशमकोठी मे रहल गणेश अपार्टमेन्ट के ३०३ नम्बर फ्ल्याट से पुलीस २२ किलो पाँच सय ७६ ग्राम सोना के बिस्कुट, एकरा सँगे रहल ६ सय ८१ ग्राम सोना के गहना आ २ किलो २ सय ६२ ग्राम चाँदी के बरतन बरामद कईले बा । बरामद कईल सोना के बजार दाम १८ करोड ९२ लाख रहल बा ।

सोना बरामद कईल फ्ल्याट भारतीय व्यवसायी अशोक सिंह के ह । सिंहा भारत से नेपाल आवेवाला सामान के भन्सार क्लियरिङ एजेन्ट हउवन ।

उ गणेश अपार्टमेन्ट के तिसरका तल्ला मे रहल ३०३ नम्बर फ्ल्याट लेके रहत आईल रहलन ।

उनकर फ्ल्याट भितर दराज मे सजाके राखल अवस्था मे पुलीस सोना आ चाँदी बरामद कईले बा ।

सिंह के फ्ल्याट मे सोना रहल सूचना पुलीस के कुछ दिन पहिले मिलल रहे । सूचना के आधार मे निगरानी बढा रहल पुलीस शनिचर के दिने खानतलासी कईले बा ।

सिंह के फ्ल्याट खानतलासी करे खातिर पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त के नेतृत्व मे पुलीस टोली गणेश अपार्टमेन्ट पुगल रहे ।

पुलीस शुक के रात मे हि सिंह के फ्ल्याट मे छापामारेके तइयारी कईले रहे । माकिर रात के अबेर तक सिंह कोठरी मे ना अईला के बाद पुलीस रुकल रहे ।
रात के हि अपार्टमेन्ट क्षेत्र के निगरानी मे राख के पुलीस सिंह कोठरी मे आवे के प्रतिक्षा करत रहलन । सिंह रात के ना अईला के बाद पुलीस दिन के जनप्रतिनिधि आ स्थानीय के रोहबर मे कोठरी खानतलासी कईले रहलन ।

सिंह के कोठरी से पुलीस एक किलो वजन के १३ थान सोना १३ केजी, आठ किलो ७ सय ७६ ग्राम के ४६ थान, एक सय ग्राम के १० थान सुन एक किलो, सोना के गहना ६ सय ८१ ग्राम, आ २ किलो २ सय ६२ ग्राम के चाँनी के गहना सहित बरतन बरामद कईले बा ।

सोना बरामद कईला के कुछ घण्टा मे पुलीस पत्रकार सम्मेलन करके जानकारी करवले रहे ।

पत्रकार सम्मेलन मे प्रहरी प्रमुख पन्त सोना के विषय मे सूचना प्राप्त भईला के बाद छापा मारल बतवनी ।

उनका मुताविक बहुते मात्रा मे बरामद कईल सोना वैध रहल ना रहल खुलावेवाला जरुरी कागजपत्र नइखे ।

‘सोना के विषय मे सूचना मिलला के बाद हमनी कुछ दिन निगरानी करके खानतलासी कईल गईल बा’, कहत पन्त ‘बहुते मात्रा मे मिलल सोना वैध रहल प्रमाणित होखेवाला आधार अभी भी मिलल नइखे । हमनी अनुसन्धान करत बानी ।’

सिंह भारतीय जनता पार्टी से विधानसभा के उम्मेदवार बनल प्रमोदकुमार के भईया हउवन । प्रमोद रक्सौल से चुनाव लडल रहलन ।

क्सौल मे आवेवाला नोभेम्बर ७ मे तिसरका चरण के मतदान होत बा । पू्र्वी चम्पारण हरैया रक्सौल निवासी सिंहा वीरगंज मे कोठरी लेके रहत रहलन । कारोवार के सिलसिला मे उ वीरगंज–रक्सौल आवत जावत करत रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।