कोरोना संक्रमण से १३ जने के मृत्यु

काठमाण्डु १ कातिक

पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर १३ जने के मृत्यु भईल बा ।
ललितपुर आ चितवन के २÷२ तथा काठमाण्डु, भक्तपुर, धादिङ, काठमाण्डु, गुल्मी, रुपन्देही, कास्की, इलाम आ सप्तरी के एक÷एक जने के मृत्यु भईल बा ।

पाटन, ललितपुर के २८ बरीस के पुरुष के सशस्त्र प्रहरी अस्पताल मे शुक के दिने मृत्यु भईल बा । २३ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ २८ गते अस्पताल भर्ना भईल रहे ।

ललितपुर के ८० बरीस के पुरुष के पाटन अस्पताल मे शुक के दिने मृत्यु भईल बा । २५ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २८ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

खैरहनी, चितवन के ६८ बरीस के जनानी के शनिचर के दिने चितवन मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । निमोनिया आ मुटु मे समस्या होके २४ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २७ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उनका मिर्गौला सम्बन्धी बेमारी भी रहे ।

खैरहनी नगरपालिका–१२, चितवन के ४१ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने भरतपुर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । क्यान्सर बेमारी से पीडित उनका २ दिन अगाडि कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ वार्ड नम्बर १२ के वार्ड सदस्य भी बानी ।

सिनामंगल, काठमाण्डु के ६६ बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने काठमाण्डु मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । श्वासप्रश्वास मे समस्या होके २७ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २८ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

इनचो, भक्तपुर के ७० बरीस के पुरुष के शनिचर के दिने होम आइसोलेसन मे मृत्यु भईल बा । उनका २९ कुवार मे कोरोना संक्रमण संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

पाँचखाल, काभ्रे के ७३ बरीस के पुरुष के शुक के रात धुलिखेल अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । दम के समस्या से पीडित उनका मंगर के दिने अस्पताल भर्ना कईल रहे ।

धादिङ के ४५ बरीस के पुरुष के शुक के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उ २७ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

रेसुंगा नगरपालिका–३, गुल्मी के ५३ बरीस के जनानी के कोरोना विशेष अस्पताल, बुटवल मे मृत्यु भईल बा । उ कुवार ३० गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

बुटवल उपमहानगरपालिका–८, रुपन्देही के ४९ बरीस के पुरुष के कोरोना अस्पताल बुटवल मे मृत्यु भईल बा । २७ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद होम आइसोलेसन मे बईठल उ श्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद शनिचर के दिने अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।

पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल पोखरा महानगरपालिका–३, कास्की के ५६ बरीस के जनानी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । शुक के दिने अस्पताल के इमर्जेन्सी वार्ड मे भर्ना भईल उनकर सँझिया मृत्यु भईल रहे ।

सूर्याेदय नगरपालिका–१२, इलाम के ८ बरीस के लइकी के मृत्यु भईल बा । चार दिन अगाडि कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनकर दुनु मिर्गौला से काम कईल छोडले रहे ।

तिरहुत–३, सप्तरी के ५० बरीस के पुरुष के भरतपुर क्यान्सर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।