स्थानिय तह स्वास्थ्यचौकी मे दवाई देवे नईखन सकत

ग्रामिण क्षेत्र मे स्वास्थ्य संस्था के कईसन बा अवस्था जन स्वास्थ्य निरेक्षक महम्द सजाद अंसारी सँगे भोजपुरी टाइम्स दैनिक के बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव से कईल बातचित

१) आपन परिचय देहल जाव ?

– हमर नाम महम्द सजाद अंसारी बा । कलैया उपमहानगरपालीका वडा नम्वर ९ रामपुर खे मे घर भईल आ वधवन स्वस्थ्य चौकी मे जन स्वास्थ्य निरेक्षक पद मे कार्यरत रहल बानी ।

२) सरकारी जागिर करत केतना समय भईल बा ?

– २०५६ साल पुस १५ गते से स्वास्थ्य चौकी ललितपुर मे अहेव पद मे सरकारी जागिर सुरू कर के २०६० साल मे कलैया जिल्ला अस्पताल मे काम करत बधवन स्वास्थ्य चौकी तक पुगल २२ बरीस करीब पुग रहल बा ।

३) २२ बरीस के काम करत अनुभव मे अभी स्वास्थ्य चौकी सब के का अवस्था रहल बा ?

– सरकारी जागिर मे काम सुरू कईल समय मे स्वास्थ्य चौकी सब मे विदेशी संघ संस्था सब के सहयोग मे दवाई आवत रहे जवना समय मे चेक जाँच करावे आवेवाला लोग के निःशुल्क मे देहल जात रहल जाये अब उ संस्था सब के सहयोग आवेला कि ना आवेला जनकारी ना मिलेला ।

४) कईसन संस्था रहल रहे आ कवन समान सहयोग करत रहे ?

– जनस्वास्थ्य कार्यालय मे आवध रहल रहे जवना समय स्वास्थ्य चौकी सब के एफ एफ डब्लु संस्था सिधे दवाई सब पेठावत रहल रहे आ ना भईल दवाई स्वास्थ्य कार्यालय से लियावल जात रहे जवना से स्वास्थ्य चौकी मे आवेवाला विमारी चेकजाच करावे आवल विमार लोग के दवाई देहल जात रहल । अभि ३५ आईटम के दवाई आवेला माकिर स्थानिय सरकार सब चाहिँ ओतना देवे ना सकल अवस्था रहल बा ।

५) स्थानीय सरकार से कहेला लोग ३५ किसिम के दवाई स्वास्थ चौकी मे पूरा रहल कहेला ?

– दवाई ३५ गो देरहल बा माकिर गर्मि के समय मे चाहेवाला दवाई कमे मिलेला आ ठन्डा के दिन मे चाहेवाला दवाई ओ समय मे कम मिलेला जवना से विमार लोग के ना पुगे सकेला ।

६) राउरा लोग के आवश्यकता होखेला ओह अनुसार के दवाई लेलेहती ?

– दवाई माग कईल जाला महिने महिने समीक्षा बईठक होखेला माकिर माग अनुसार के ना मिलेला जवना से अभाव होखेला ।

७) बईठक मे कमि के आवाज उठावे के चाहिँ नु ?

– समीक्षा बईठक मे बहुते बेर कहल गईल माकिर कवनो योजना ना बनावला से दवाई चाहिँ ओतना ना मिरहल बा ।

८) स्वस्थ्य चौकी मे कईसन विमार लोग आवेला ?

– गरीब वर्ग के लोग विशेष कर के स्वास्थ्य चौकी मे चेकजाच करावे आवेला आ जे जनकार बा उलोग सभे किसिम विमारी के खातिर सलाह सुझाव देवे आ देवे आवेला। गर्भास्था मे रहल माई लोग आपन लईका के अवस्था चेकजाच करावे , समान्य अवस्था मे रहल विमार सब आपेला ।

९) स्वास्थ्य चौकी मे केतना जने कर्मचारी रहल बानी ?

– स्वास्थ्य चौकी मे ७ जने के दरबन्दी रहल बा माकिर पाच जने स्थाई कर्मचाी आ कार्यालय सहयोगी करार मे रहल बा ।

१०) दिन्हु केतना विमार लोग चेकजाच करावे आवेला ?

– दिन्हु १५ से २० जने के हराहारी मे विमार लोग चेकजाच करावे आवेला । अधिक लईका लईकी बुढपुरान लोग दवाई करावे आवेला ।

११) स्वास्थ्य चौकी से कईसन किसिम के जनता सब मे फायदा भईल बा ?

– स्वास्थ्य चौकी मे सब से अधिक नियमित खोप लगावेवाला काम पूरा करेला । नेपाल सरकार से लईकालईकी सब के लगावेवाला सुई समय मे लगावला से रोग सब से लडेला क्षमता बढेला आ सुरक्षित रहेला ।

१२) सरकार से सुई मे अधिक खर्च होखेला माकिर फायदा ना भईल सेवाग्रही लोग के कहनाम रहल बा ?

– सरकार से महामारी के रूप मे फईलल विमार सब के रोकेला सुई लगावल जाला । सुई लगावते फाईदा ना मिलेला माकिर सुई लेहला वाद २० बरीस वाद फाईदा बुझाला । नेपाल सरकार से खोप मे लगावल सुई से १४ गुणा अधिक फाईदा रहल बा ।

१३) स्वास्थ्य चौकी सब मे कईसन समस्या सब रहल बा ?

– स्वास्थ्य चौकी मे कही सिपटी के समस्या रहल बा कवनो मे सुध पानी पियेके समस्या रहल बा , कवनो मे रास्ता के समस्या रहल बा बधवन स्वास्थ्य चौकी मे बर्षात होगईला पर आवत जावत मे कठिनाई होरहल बा ।

१४) विकास निर्माण के काम बहुते होरहल बा स्वास्थ्य ओर करे ना सकल काहे ?

– हर जगह राजनिती के खेल होरहल बा हमरा सब के वडा कर्यालय आपन योजना मे परवे ना करी आउरी नगरस्तरीय बजे मिल बे ना कईला से भवन अभाव सहित सभे अस्त व्यस्त रहल बा ।

१५) अन्त मे राउरा भोजपुरी पत्रिका दैनिक पढेवाला के का कहे के चाहेम ?

– भोजपुरी पत्रिका के सब से पहिले धन्यावाद देवे के चाहम ता कि गाव मे रहल संस्था के समस्या जनावे खातिर काम करहल बा जवना खातिर सभे के पढ के समस्या के समाधान पुगावेला समबन्धित निकाय आ सरोकावाला लगे पुगा देवे के निहोरा करहल बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।