कलैया बजार मे खुलहा घुमरहल चौपाया के जंगल मे छोडल गईल

प्रभु यादव

बारा ०२ कातिक
बारा के कलैया मे खुला रूप मे घुमरहल पशु चौपाया के पकड के जंगल मे छोडल गईल बा ।

दिन प्रतिदिन खुला पशु चौपाया बढला से सवारी साधन सब के दुर्घटना बढे के सम्भवना भईला से पकड के जगल मे स्वतन्त्र छोडल गईल कलैया ट्राफिक पोष्ट के इन्चार्ज नवलकिशोर साह जनकारी करावले बानी ।

बजार एरिया मे यातायात के साधन सब रास्ता पर भिड लागल आ रास्ता मे पशु चौपाया खुला रहला से कुछ दिन से पकड पकड के पालिका के कार्यालय मे जमा कईल गईल रहल ।

कलैया उपमहानगरपालिका के सहजोग आ ट्राफिक पोष्ट के अगुवाई मे १० गो घोडा आ ९ गो गाई के बछडु पिकप पर लोड कर के निजगढ के जगल मे छोडल गईल साह जानकारी करावले बानी ।

पशु चौपाया सँरक्षण समिति नेपाल मे रहल वादो गाँउघर आ शहर सब के रास्ता मे चौपाया सब खुल्ला रुप मे देखल जाला जवना के संरक्षण करेवाला ना रहल बा ।

खुला पशु चौपाया के सम्बन्ध मे स्थानिय सरकार आईला वाद भि ठोस नियम कानुन आ व्यवस्थापन के व्यवस्था ना भईला से दुर्घटना मे वृद्धी होखे के सम्भवना बढरहल साह जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।