ठोरी गा.पा. मे नेकपा के दु गो कमिटी, आधिकारीक कउन ?

मेघराज राय

जीराभवानी ०३ कातिक,
ठोरी गाँवपालिका भितर नेकपा के दुगो कमिटी बना के अलग अलग सपथ ग्रहण भईला के बाद गाँवपालिका भितर नेकपा के बिवाद छताछुल्ला भईल बा ।

बितल २९ गते गंगा बहादुर खड्का अध्यक्ष आ नेमा लामा सचिव सहित के कमिटी बनल जउन कमिटी के जिल्ला ईन्जार्ज रामचन्द्र साह सपथ ग्रहण करवले रहनी । ओकरा बहिान भईला उहे गाँवपालिका मे फेनु दोसर कमिटी बना के सपथ ग्रहण कार्जक्रम भईल ।

जिल्ला कमीटी सदस्य भी रहल खगेन्द्र श्रेष्ठ अध्यक्ष आ प्रताप श्रेष्ठ सचिव सहित बनल समिती के नेकपा के नेतृ निर्मला देवकोटा, जिल्ला अध्यक्ष प्रभु हजारा सपथ करवले रहनी ।

नेकपा जिल्ला कमिटी के निर्णय आ प्रदेश कमिटी के निर्देशन मुताविक ३० गते पार्टी के कार्जक्रम हि करके कमिटी बनल अध्यक्ष खगेन्द्र श्रेष्ठ कहनी ।

एहितरे एगो स्थानीय तह मे दु गो गाँव कमीटी निर्माण भईला से पार्टी के सिद्धान्त आ निर्देशन मे एकमत ना होके आपन मनमौजी अगाडि बढ रहला मे पार्टी के हालत प्रष्ट भईल नेकपा ठोरी के सक्रिय कार्यकर्ता सिकाईत कइनी । अईसन हर्कत से कार्यकर्ता मे भी नैरास्यता छावल उ बतवनी ।

दु मेसे एक कमिटी के अध्यक्ष गंगा खड्का कहनी, कमिटी बनावे खातिर निर्माण कार्यदल से हमनी के कमिटी के सिफारीस कईले बा ।

प्रदेश के २०७६ बैशाष २ गते के निर्णय आ निर्देशन मुताविक बैशाख ६ गते पार्टी से सपथ खियावेके कार्जक्रम रहे । बीरगंज मे जम्मा भईल गईल माकिर दोसर स्थानीयतह के विवाद के चलते जिल्लाभर के स्थानीय तह के कमिटी के सपथ स्थागीत भईल । आधीकारीक रुप मे हमनी के कमिटी हि ह दाबी कइनी ।

बिधान मुताविक हमनी अगाडी बढल बानी, हमनी के जिल्ला से प्रदेश तक के सभी प्रकृया मुताविक अगाडी बढाके प्रदेश सदस्य कार्यदल से सिफारीस कईला से फरक कमीटी के नाम सामाजीक संजाल मे अग्रीम प्रकाशित कईला के बाद हमनी अचम्मित भइनी । ई बिषय के छिनोफानो तत्काल होखेके उ बतवनी ।

एने पार्टी के घोषीत कार्जक्रम हि करके नेकपा भितर के कमिटी के अध्यक्ष बनल खगेन्द्र श्रेष्ठ पार्टी के प्रकृयागत निर्देशन आ निर्णय मुताविक हि हमनी के कमिटी पुर्ण आधीकारीक रहल बतवनी ।

अईसे ठोरी गाँवपालिका भितर दु गो कमिटी बनला मे जिल्ला आ प्रदेश के निर्देशन आ निर्णय मे भी सवाल आ शंक उठल बा ।

कार्यदल के सिफारीस के हेरफेर ह । ग्राउण्ड के कमिटी निर्माण जिल्ला आ प्रदेश मे रहके डिजाईन कईला से लेके निर्णय आ निर्देशन जिल्ला आ प्रदेश मे कमिटी भितर के विवाद निरन्तर रहल प्रमुख कारण देखल गईल बा ।

दु कमिटी निर्माण भईला के बाद अब एकर छिनोफानो जिल्ला आ प्रदेश से कईसे करी प्रतीक्षा के बिषय बनल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।