पटेर्वासुगौली मे नेपाली काँग्रेस के शुभकामना कार्जक्रम

मेघराज राय
जीराभवानी ०४ कातिक
नेपाली कांग्रेस पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–३ देकुली ईकाइ के आयोजना मे शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के उदघाटन करत प्रमुख अतिथि पूर्वमन्त्री सुरेन्द्रप्रसाद चौधरी सामाजिक सद्भाव कायम राखत अभी के अवस्था मे स्वास्थ्य मापदण्ड पूरा करके चाडपर्व मनावे खातिर निहोरा कइनी । सभी समुदाय के आपसी सद्भाव बनाके पर्व मनावे खातिर उ निहोरा कइनी ।
पूर्वमन्त्री चौधरी पार्टी कार्यकर्तालोग के स्थानीय तह मे हो रहल भ्रष्टाचार रोके खातिर अभियान चलावे खातिर सुझाव देहनी ।
ईकाइ अध्यक्ष श्यामसुन्दर महतो के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेका पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, नेतालोग दिनेश चौधरी, शैलेन्द्र यादव, प्रेम चौधरी, सुलेमान मियाँ, भगवती चौधरी, राजकिशोर महतो थारू, ममता महतो लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






