मुकेश चौरसिया के हत्यारा उपर कडा कारवाही के माग

पोखरिया १६ कातिक

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) पर्सा क्षेत्र नं ४ के अगुवा कार्यकर्ता भेला तथा शोकसभा पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका के सुपौली भवानीपुर मे पुरा भईल बा ।

भेला मे सहभागीलोग बिन्दबासिनी घटना मे मृत्यु भईल पार्टी पर्सा जिल्ला कमिटी सदस्य तथा बिन्दबासिनी गाँवपालिका कमिटी के सचिव मुकेश चौरसिया उपर श्रद्धाञ्जलि अर्पण कईले रहलन ।

पार्टी एकता के बाद निर्वाचन क्षेत्रीय कमिटी ना बनल आ जिल्ला कमिटी चरम विवाद मे फँसल समय विन्दवासिनी घटना भईला के बाद स्वस्फूर्तरूप मे क्षेत्र के पार्टी नेता, कार्यकर्तालोग भेला भईल नेकपा पर्सा जिल्ला कमिटी सदस्य रामकाजी श्रेष्ठ बतवनी ।

सभा के वक्तालोग विन्दवासिनी घटना दुःखद आ अकल्पनीय दुर्घटना कहत घटना के दोषीलोग उपर कडा कारवाही करेके माग कईले बाडन ।

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं ४ स्थित ६ गो पालिका कमिटी के अध्यक्ष, सचिव, जिल्ला कमिटी सदस्य, स्थानीय तह मे नेकपा के निर्वाचित जनप्रतिनिधि आ अगुवा कार्यकर्तालोग के सहभागिता रहल रहे ।

उ अवसर मे नेकपा के नेता एवं संविधानसभा सदस्य जयप्रकाश थारू, जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ, छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता, जीराभवानी गाँवपालिका अध्यक्ष रामप्रीत महतो, जिल्ला कमिटी के सदस्य तथा कालिकामाई गाँवपालिका कमिटी के सचिव शम्भु पाल, कालिकामाई गाँवपालिका पार्टी सचिव अनुप तिवारी, जीराभवानी कमिटी अध्यक्ष शशिकपूर थारू, ठोरी के पार्टी अध्यक्ष खगेन्द्र श्रेष्ठ, जिल्ला कमिटी सदस्य लालबहादुर श्रेष्ठ लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।