टयाक्टर दुर्घटना मे साह के मृत्यु

पोखरिया १६ कातिक,

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं.२ लक्ष्मीपुर मे टयाक्टर दुर्घटना मे पर के एक जने के मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे स्थानिय मोतिलाल साह के ४० बरीस के बेटा राम मनोहर साह रहल बाडन ।

लक्ष्मीपुर से धान लाद के वीरगंज आ रहल लु ३ त १२१६ नम्बर के ट्याक्टर चन्द्रवाती खोला पुल के किनार मे एतवार के सबेर ११ बजे दुर्घटना मे पडल रहे ।

पुल के किनार मे चढाव रहला से अनियन्त्रित होके ट्याक्टर नदी मे गिरल स्थानियवासी बतवले बाडन । उहे समय मे ट्याक्टर से दबा के डाईबर साह के मृत्यु भईल हो सकेके पुलीस के अनुमान रहल बा ।

साह के लास पुल के बगल बाँध मे पुगल आ ट्याक्टर नदी मे पुगल अवस्था मे मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा जानकारी देहनी ।

लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल पठावल गईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।