कोरोना से महामारी मे युवा लोग कईलख लहुदान

प्रभु यादव

बारा २२ कातिक

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे युवा लोग लहुदान कईले बाडन । कलैया युवा विकास क्लव के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे दु जने जनानी सहित ८७ जने लहुदान कईले बाडन ।

लहुदान कार्जक्रम के उदघाटन सत्र मे प्रमुख अतिथि प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य ज्वला साह अभी के समय बोले के ना सुनेके रहल कहनी ।

जनप्रतिनिधि लोग के भाषण कम आ जनता के अवश्यकता बुझे के कहत काम मे विशेष ध्यानाकर्षण होखे के साह कहनी ।

जनप्रतिनिधि लोग जवन काम ना करे सकल उ काम युवा लोग करहल प्रदेश सदस्य साह जनकारी करावले बानी ।

लहुदान से अधिक कवनो धर्म ना होखेला काहे कि जीवन दान देवेला ओही से सब लोग के लहुदान करेला प्रदेश सभा सदस्य साह निहोरा कईले रहनी ।

प्रदेश सभा सदस्य पारस साह राज्य के निगरानी क्लव के सदस्य लोग करहल बा जवन सर्हनिय रहल कहनी ।

लहुदान से मात्र ना होई समाज मे झैझगडा से बच के एक आपस मे मित्रता बनावे के काम करे के क्लव से निहोर प्रदेश सदस्य साह कहनी ।

जनप्रतिनिधि लोग जनता के काम खातिर लागल रहेला अग्रणी भुमिका खेले खातिर सल्लाह देहनी ।

क्लव के अध्यक्ष पप्पु साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव, वडाअध्यक्ष जटाशंकर सहनी, समाज सेवी जगंबहादुर यादव, प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी, प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र, समाजिक अभियन्ता डा. सुशील साह लगायत के लोग आ–आपन बात राखत लहुदान कईल बहुत सरहनिय काम भईल कहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।