महागढीमाई नगरपालिका के शिक्षक सरुवा ना करे खातिर आदलत के आदेश
वीरगंज २३ कातिक
उच्च अदालत जनकपुर, अस्थायी इजलास बीरगंज स्थानिय तह के शिक्षक सरुवा रोके खातिर आदेश जारी कईले बा ।
बारा के महागढीमाई नगरपालिका नगर क्षेत्र भितर सामुदायिक विद्ययालय के शिक्षक के कईल सरुवा पदस्थापन विरुद्ध पडल निवेदन मे शिक्षक सरुवा पदस्थापन अभी के खातिर स्थगन करे खातिर अन्तरिम आदेश देहले बा ।
नगरपालिका से २०७७÷६÷४ गते के पत्र से नगर क्षेत्र भितर के स्थायी, राहत बालविकास समेत के सरुवा कईले रहे ।
उ सरुवा पदस्थापन नियम विपरित रहला से बदर करे खातिर शिक्षक महेन्द्र कुश्वाहा समेत उच्च अदालत जनकपुर, अस्थायी इजलास वीरगंज मे उत्प्रेषण आ परमादेश माग करत देहल निवेदन उपर माननीय न्याधिश कृष्ण बहादुर थापा के इजलास से आदेश देहले बा । सरुवा पत्र के कार्यन्वयन ना करे करावे खातिर अल्पकालिन अन्तरिम आदेश जारि कईले बा ।
एकरा से पहिले सर्वोच्च अदालत २०७७ कुवार १८ गते सिन्धुपाल्चोक जिल्ला के त्रिपुरासुन्दरी गाँवपालिका से कईल शिक्षक सरुवा अधिकार क्षेत्र बेगर भईल ठहर कईले बा ।
साथे सर्वोच्च शिक्षक के उ सरुवा कार्यन्वयन ना करे खातिर गाँवपालिका के नाम मे अन्तरिम आदेश भी जारी कईले रहे ।
स्थानिय सरकार संँचालन ऐन २०७४ से शिक्षक सरुवा के अधिकार पालिका के ना देहल प्रष्ट कईले बा ।
शिक्षक सरुवा सम्बन्ध्व्विस्था शिक्षा ऐन २०२८ आ शिक्षा नियमावलि २०५९ मे बहाल रहल आदेश मे उल्लेख बा । सरुवा मे पडल पाँच जने शिक्षक सर्वोच्च पुगल रहलन ।
एहितरे शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई कलैया बारा २०७७ साल कुवार २२ गते सुचना जारी करके शिक्षा नियमावली २०५९ (संशोधन सहित) के नियम ९९ अनसुचि १७ के विपरित सरुवा के बारे मे गम्भीर धयानाकर्षण जनावत शिक्षा विकास मानव श्रोत विकास केन्द्र के उपयुक्त निर्देशन विपरित सरुवा लगायत के काम ना करे करावे खातिर जानकारी करवले बा ।
राजनितिक पुर्वाग्रह के आधार मे गलत नियत से नियमविपरित विनामापदण्ड सरुवा बढुवा तथा नियुक्ति मे मनमौजी कईले बाडन । एगो नगर भितर दस किसिम के नियम लगावेलन ।
एक जने के उहे नगरपालिका के नियम से छुवेला त दोसर मेयर के आसेपासे के ना छुवेला ।
ओकर जवलन्त जालझेल १९ गते वुध के दिने नगरपालिका विरुद्ध पडल सरुवा सम्बन्धि मुद्दा मे अदालत से अन्तरिम आदेश जारि कईला के बाद नगरप्रमुख गेट मे नगरप्रहरी राख के शिक्षाा फाँट के कर्मचारी के रोहबर मे जालसाजी तवर से विना मिति जबरदस्ति धमकाके आपन आसेपासे के प्रअ वईठक से सरुवा के स्वागत तथा समर्थन के प्रचारबाजी कईल उपर अधिकांश नगर भितर के आक्रोश तथा आपति जनवले बा ।
छलछाम करके कईल अईसन रवैया से पेशागत शिक्षक संघ संगठन नाराजगी जाहेर कईले बाडन ।






