नियम कानुन मुताविक न्याय कर रहल बानी ः उपमेयर खातुन

न्यायिक समिति आ योजना सम्बन्ध मे कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर रहिमा खातुन से भोजपुरी टाइम्स दैनिक के बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव सँगे भईल बातचित ।
१) उपमेयर साहेब राउर आपन परिचय देहल जाव ?
– हमार नाम रहीमा खातुन बा । हम कलैया उपमहानगरपालिका के २०७४ मे भईल चुनाव मे नेपाली कांग्रेस पार्टी के तर्फ से जनता सब के विश्वास से चुनल उपमेयर पद मे २०७४ कुआर १ गते से कार्य भार समहालत बानी । हमार घर साविक दोहरी गाउँ विकास समिति वडा नम्वर ५ बकुलहर हाल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १५ मे बा ।
२) राउरा राजनीति मे कब से लागल बानी ?
– नेपाल मे प्रजातन्त्र आई ओह समय मे हमार पति महम्द कासीम अंसारी स्थानिय तह के दोहरी गाँव पालिका मे नेपाली कांग्रेस से अध्यक्ष पद मे दु कार्यकाल जित के जनता सब के सेवा कईले रहनी जवना बखत आपने घर मे आईल सभे लोग के साथे कुछ जनकारी लेहले रहनी । २०६८ साल कुआर महिना मे माओवादी द्वन्द्व काल मे हमर पति के गोली से मार देहल ओह दिन से आपन काध मे आईल जिम्मेवारी के पूरा करेला चहना राख के २०७४ मे आईल स्थानिय चुनाव मे पार्टी से मिलल जिमा के जनता से विश्वास कर के आपना के उपमेयर के जिम्मा देहल आज काम करहल बानी । आपन पति के सपना के सकार करेला जनता के काम मे लागल बानी ।
३) उपमेयर के कार्यभार लेहला वाद पालिका मे कईसन काम के देखरहल बानी ?
– आपना के संविधान के भितर रहल व्यवस्था के अनुसार स्थानिय स्वयतशासन अनुसार न्ययिक समिति के संयोजक, योजना कार्यन्वयन के नीति तथा बजेट निर्माण आ अनुगमन के काम सँगे जनता के सुख दुख मे सामेल होरहल बानी ।
४) न्यायिक समिति मे कईसन कईसन मुद्दा सब देखल करतानी ?
– न्यायिक समिति के नेपाल के संविधान अनुसार देहल नियम मोताविक घरायसी बादविवाद, लेनदेन, झै– झगडा, बाली नोक्सानी, सम्बन्ध विछेद आ सर्वजनिक सरोकार जईसन मुद्दा रहल बा ।
५) सुरूवात कवन मुद्दा से न्याय कईनी आ कईसन सफलता मिलल ?
– पहिलका बरीस जब न्यायिक समिति के निर्माण भईल ओह बेरा सम्बन्ध विछेद के चार गो मुद्दा आईल रहल । दु गो मुद्दा लईका आ लईकी पक्ष के बईठा के समस्या बुझ के दुनु के आपन घर परिवार चलावेला मिला पत्र कर के सल्टावल गईल ओह लोग आज भि आपन घर मे मेलमिलाप से रहरहल बा । दु गो मुद्दा लईका बला देहले रहल जवना लईकी बला के पत्र पेठा के बोलावेला बहुते प्रयास कईल गईल ना आईला पर जिल्ला अदालत मे पेठावे के परल रहल ।
६) न्यायिक समिति मे केतना मुद्दा निर्णय कईले बानी ?
– न्यायिक समिति मे आईल मुद्दा सब निर्णय ना पक्ष विपक्ष के बईठा के खुसिराजी मिला पतर करावे के काम भईल बा । आपना सब के देखेवाला मुद्दा आईल ठिके बा माकिर कुछ ना देखेवाला आईल जवना के दुनु पक्ष के मिला के समान्य बना के खुसिराजी बनावे मे काम कईले बानी ।
७) राउरा कहत बानी ना देखेवाला मुद्दा आईला पर मिलापत्र करवा देहनी माकिर जिल्ला प्रहरी मे आपने सभन के देखेवाला मुद्दा लेके भिड लगावले बा ?
– सभे लोग के जनकारी ना रहल रहे अभि जनकारी होरहल बा न्यायिक समिति मे आरहल बा । प्रहरी कार्यालय मे हम सब जनकारी करवाह देहनिह कि हमरा सब के देखेवाला मुद्दा भईला पर पेठा देवे के कहल गईल बा आरहल बा ।
८) मुद्दा देखेला आपने कानुनी ज्ञान कहाँ से जनकारी लेहले बानी ?
– पहिले से आपना के कुछो जनकारी ना रहल माकिर सरकार से पाँच गो न्यायिक समिति के संयोजक के नाता से मिलल तालिम के सहभागी हो के जनकारी लेहले बानी । कोरोना से भईल लकडाउन मे मोवाईल मे आईल अनलाईन तालिम दु गो लेहले बानी । कुछ जनकारी भईला पर सहज भईल आ पालिका मे खरिदार, नासु आ कानुन अधिकृत के सहयोग से मुद्दा के किनार लगावल जारहल बा ।
९) दिन प्रति दिन बढरहल मुद्दा के कईसे समय मे किनारा लगा रहल बानी ?
– २०७६ साल से वडा समिति मे मेलमिलाप केन्द्र बनल बा । मेलमिलाप केन्द्र मे पहिले मुद्दा दर्ता करावे के कहल गईल बा ओहा के समिति मे छलफल कर के सल्ट जाई त ठिके बा ना सल्टी ओह मुद्दा के पालिका स्तर मे सिफारीस करे के भईला से सहज भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका के २७ गो वार्ड रहल बा सभे मे मेलमिलाप केन्द्र बनावल गईल बा । तीन तीन महिना मे सभे वार्ड से मुद्दा के जनकारी आवेला ।
१०) सब से अधिक मुद्दा कब अईल रहल ?
– सुरू से अभि तक मे अभि के सावन आ भादो मे वडा समिति मेके छोड के वडा समिति से सिफारिस कईल १८ गो मुद्दा दर्ता भईल बा जवना के समय मिला के छलफल करवाल जारहल बा ।
११) पहिलका आर्थिक बरीस मे केतना मुद्दा आईल रहल ?
– आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे २ सय ८४ मुद्दा परल रहल जवना मे वडा कार्यालय मेही दु सय ६१ गो मेलमिलाप होईल न्यायिक समिति मे २३ गो आईल रहे ।
१२) अभि के आर्थिक बरीस के दु महिना मे जादा मुद्दा दर्ता होखे के कवन करण हवे ?
– वितल आर्थिक वरीस मे कोरोना के हला आ जोखिम रहल रहे आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे आपना सभे के देखेवाला मुद्दा गईला पर पेठा देवे के कहला पर पेठावल सुरू भईला से मुद्दा के चाप बढल बा ।
१३) योजना के अनुगमन कईसे कर रहल बानी ?
– पालिका से निर्माण कईल गईल करिब सभे योजना सरोकार रहल प्राविधिक लोग के साथे लेके अनुगमन करहल बानी ।
१४) योजना अनुगमन करे के समय मे कईसन तुरूटी देखले बानी ?
– योजना अनुगमन करे पुगला पर अधिक तुरूटी उपभोक्ता समिति से कईल काम मे मिलल बा प्राविधिक ज्ञान ना भईल आ प्रविधिक लोग के व्यस्तता से फोन मार्फत काम के जनकारी लेके कईल काम सब ईष्टीमेट से जादा काम कर भि ईष्टीमेट के विपरित भईल तुरूटी देखल गईल बा । जे उपभोक्ता समिति प्राविधिक के अधिक सहयोग लेके कईले बा उ लोग काम करे मे सफल रहल बा ।
१५) केतना योजना सब अनुगमन करे सकल बानी ?
– करीब ८० प्रतिशत अनुगमन करे सकल बानी । असार मे भिड बढला पर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत के संयोजकत्व मे टोली पेठावल जाला ।
१६ ) अन्त मे भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका के पढेवाला पाठक लोग के का कहेके चाहम ?
– न्यायिम समिति से सरोकार रहल मुद्दा सब सभे लेके आवो आ मेलमिलाप कर के रक्षा हेतु काम करो । योजना तर्जुमा मे यदी कोई के वडा मे प्रमुख काम छुट गईल त महरा जगह भेट करी उ योजना के फेर से जनकारी कर के राखे के कोसिस करेम जनकारी करावे के चाहत बानी ।