स्रोत ना खुलल १६ लाख सहित एक भारतीय नागरिक पकडईलें

वीरगंज २४ कातिक

स्रोत ना खुलल १६ लाख रोपेया सहित वीरगंज से एक जने भारतीय नागरिक पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे भारत के पूर्वी चम्पारण रक्सौल रहेवाला ५० बरीस के कृष्णकुमार जैन रहल बाडन ।

विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल पुलीस टोली उनका के वीरगंज महानगरपालिका–स्थित माईस्थान से एतवार के दिने नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ना. ६४ प ९०५६ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार जैन के चेकजाँच करेके समय मे उनकर साथ से उ रोपेया बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।

जैन विरुद्ध बैंक तथा वित्तिय ऐन सम्बन्धी कसुर शीर्षक मे म्याद थप करके अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।