चुनावी घोषणा पत्र मे कईल वादा समय मे पूरा

प्रभु यादव
बारा २४ कातिक
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे आधारभुत स्वास्थ्य सेवा केन्द्र के उदघाटन भईल बा ।
स्वास्थ्य सेवा केन्द्र के उदघाटन करत नगर प्रमुख राजेश राय यादव स्वास्थ खातिर चाहे वाला समान सब देवेला हरदम तईयार रहल बतवले बानी ।
वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशकर सहनी आपना चुनावी घोषण पत्र मे चार बरीस मे गाँव मे स्वस्थ्य चौकी बनावे के कईल प्रतिबद्धता पूरा भईल जानकारी करवले रहलन ।
केन्द्रीय बजेट २३ लाख मे भवन आ पालिका के पाँच लाख से आरीआरी के दिवाल बनावल गईल सहनी जनकारी करावले रहलन ।
दु महिना से खोप केन्द्र के रूप मे सञ्चालन भईल स्वास्थ केन्द्र मे वार्ड नम्वर १, २, ४ आ ९ के जनता सब सेवा लेहल अध्यक्ष सहनी जनकारी करवले बानी ।
उदघाटन भईल स्वास्थ्य सेवा केन्द्र मे एक जने हेल्थ अशिष्टेण्ड, दु जने अनमी आ एक जने कार्यालय सहजोगी कर के ४ जने काम कर रहल बाडन ।
सेवा केन्द्र मे नियमित चलेवाला खोप, गर्भावती चेक, परिवार नियोजन के साधन सब आ प्राथमिक चेक जाँच कईल जाई कार्यक्रम मे जानकारी करवल गईल रहे ।
सञ्चालन करहल शम्भु गुप्ता कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि पालिका के उपप्रमुख रहिमा खातुन, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रहलाद वर्णवाल, स्वस्थ्य शाखा प्रमुख प्रेमचन्द्र जयसवाल, वार्ड अध्यक्ष लालबाबु यादव, राजेश प्रसाद साह, लक्ष्मण कुशवाहा, सीता चौधरी, अरणशिवाद ठाकुर, बाबुराम सहनी पत्रकार अनिल गौरव, पवन यादव, रविन्द्र साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






