सोशित उत्पिडन मे पडल लोग के उद्वार

प्रभु यादव

बारा २४ कातिक,
बारा के कलैया मे नेपाल दलित मुक्ति संगठन शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम कईले बा ।

शुभकामना अदान प्रदान मे प्रमुख अतिथि बलविर चौधरी शोषण आ उत्पिडन मे पडल लोग के उद्वार करे के समय रहल कहनी ।

दलित मात्र ना सभे जातजाती मे शोषण आ पीडा मे रहल बा जवना के समस्या नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी करी कहके चौधरी कहनी ।

बारा निर्माण व्यवसायी संघ के सभा हल मे वितल दशहरा, आ रहल दिपाली आ छठ के अवसर पर शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम कईल गईल रहे ।

संगठन के अध्यक्ष महेश विश्वकर्मा के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे अच्चुत मैनाली, अनिल श्रेष्ठ, प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य सुन्दर विश्वकर्मा, महम्द समीर, नेता शिवचन्द्र कुशवाहा, विक्रम राम, सकल राम, दशरथ राम, श्रीपासवान, रामचन्द्र साफी, मुकेश साह, धुरी साह, उमेश कुशवाहा लगायत के सहभागिता रहल जवना के सञ्चालन लवकुश बैठा कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।