पर्सा के छिपहरमाई मे टि–२० क्रिकेट टुनामेन्ट सुरु

वीरगंज २८ कातिक
पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं ५ भिस्वा मे आजु से क्रिकेट टुनामेन्ट सुरु भईल बा ।
छिपहरमाई गाँवपालिका के सहजोग आ सामुदायिक बिकास केन्द्र भिस्वा के आयोजना मे कईल टि–२० क्रिकेट टुनामेन्ट भिस्वा कालिमाई मन्दिर लगे भईल खेल के प्रमुख अतिथि भी रहल छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता फिता काट के आ बैटिंग करके उदघाटन कईले रहनी ।
उदघाटन करत अध्यक्ष गुप्ता अब के जरुरत युवालोग के खेलकुद मे मात्र ना देश चलावे मे भी युवा के जरुरत रहल बतवनी ।
युवालोग के खेलकुद के साथे रोजगारी के भी जरुरत रहल बतावत प्रदेश सरकार प्रदेश मे खेलाडीलोग उत्पादन करे ना सकल बतवनी ।
खेलाडीलोग से भेदभाव करके खेलाडीलोग के उर्जा आ मनोबल के समाप्त करे खातिर खेल कर रहल आरोप लगवनी ।
आवेवाला दिन मे छिपहरमाई गाँवपालिका युवालोग के खेलकुद, कुश्ती लगायत खेलसब मे प्रशिक्षण दिलाके युवालोग के अगाडि बढावे के प्रतिबद्धता देहले रहनी ।
छिपहरमाई गाँवपालिका के युवालोग के खेलकुद मे प्रोत्साहन आ रोजगारी भी देवे खातिर खुद तइयार रहल अध्यक्ष गुप्ता बतवनी ।
खेल के उदघाटन कार्जक्रम मे समसुलहक मियाँ, जिल्ला समन्वय समिति सदस्य सुबास साह, वार्ड अध्यक्ष मौजिलाल साह कानु, सदस्य जवाहर साह, मुस्लिम मिया, स्थानिय नेता फरिन्द्र कुशवाहा, नेपाली कांग्रेस के धुरेन्द्र साह, जसपा के सुखेन साह कानु, बि ओ पी बंजारी के सप्रनी संजीव बानिया, भिस्वा प्रहरी प्रमुख प्रेम मिश्र, समाजिक बिकास केन्द्र के संजिव कुमार साह, संतोष कुमार, मनोज पटेल, सुगरिम साह, आलोक कुशवाहा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
खेल के प्रथम विजेता के नगद २१ हजार, उपबिजेता के ११ हजार नगद पुरस्कार भी देवेके आयोजक कमिटी जनवले बा ।
आजु के खेल मे बंजारी टस जितके बौलिंग कईले रहे आ बीरगंज सिरिसिया के टिम बैटिंग कईले रहे ।
सिरिसिया २० ओभर सात बिकेट के नोक्सानी मे ११७ रन बनवले रहे आ बंजारी १६ ओभर मे सभी बिकेट के नोक्सानी मे ६२ रन बनाके हारल रहे ।
खेल के मैन अफ सिरिसिया बिकास दास के मिलल सामुदायिक विकास केन्द्र भिस्वा के अध्यक्ष सोनु कुमार गुप्ता बतवनी ।
टुर्नामेन्ट मे आठ गो टिमसब भाग लेहल आयोजक कमिटी जनवले बा ।






