सप्तरी मे ५० शैय्या के अस्पताल शिलान्यास

सप्तरी ३ अगहन
सप्तरी के हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका मे ५० शैय्या के अस्पताल शिलान्यास कईल बा ।
नगरपालिका के वार्ड नम्बर १ भारदह मे बुध के दिने अस्पताल के शिलान्यास कईल बा ।
प्रदेश २ सरकार के लगानी मे निर्माण होखे लागल अस्पताल के एक कार्जक्रम के बीच सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह शिलान्यास कइनी ।
अस्पताल भवन के शिलान्यास करत मन्त्री साह प्रदेश मे स्वास्थ्य आ शिक्षा क्षेत्र बढिया बनावे खातिर प्रदेश सरकार लागल बतवनी ।
उ ५० शैय्या के अस्पताल निर्माण भईला के बाद ई क्षेत्र के बासिन्दा के स्वास्थ्य ईलाज के खातिर सहज होखेके बतवनी ।
उ अस्पताल निर्माण भईला के बाद चिकित्सक, स्वास्थ्यकर्मी सहित उपकरण के व्यवस्था भी प्रदेश सरकार से हि कईल बतवनी ।
१ करोड १३ लाख रोपेया के लागत मे निर्माण होखेवाला भवन के ठेक्का लागल आ १ बरीस भितर निर्माण करेके लक्ष्य राखल मन्त्री साह बतवनी ।






