नापी कार्यालय बारा के निमित्त कार्यालय प्रमुख के सेटिङ्ग मे खुल्लेयाम घुसखोरी, सम्बन्धित निकाय मौन

प्रभु यादव

बारा १० अगहन
नापी कार्यालय कलैया बारा के निमित्त कार्यालय प्रमुख मोहन महासेठ के सेटिङ्ग मे खुल्लेयाम घुस लेहल जा रहल घटना सार्वजनिक भईल बा ।

सेवाग्राही लोग जमिन के कित्ताकाट करवावे गईल समय मे जमिन बढल भा घटल कह के कित्ताकाट ना करे के बहाना बनावत रोपेया लेवेमे मजबुर बना रहल सिकायत बढल बा ।

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका घर भईल बृजेश चौरसिया विश्रामपुर वार्ड नम्वर ३ के जमिन मे कित्ताकाट करावे खातिर १०६ नम्वर झाल मे गईला पर उहाँ रहल अमिन मोतिलाल प्रसाद दु हजार रोपेया से मोलतोल कर के सात सय रोपेया लेके कित्ताकाट कईल सिकायत कईले बानी ।

जमिन बढल बा सझियार जमिनवाला के चिठी पेठावा के बोलावल जाई जेकरा वाद कित्ताकाट करेम कहत अनेकन जालझेल कईला से आपना सब बाध्य होके काम करावेला रोपेया देवे के पडल चौरसिया सिकाईत कईले बानी ।

ई विषय मे कार्यालय प्रमुख महासेठ से सिकायत कईला पर पईसा लेहल कर्मचारी के जाके पिट के आपन रोपेया असुली करीं कहके गैरजिम्मेवार आ बेतुक के जवाफ देहले बानी ।

एगो कार्यालय प्रमुख आपन हि कर्मचारी के जाके पिटेके कहल सुनला के बाद महासेठ कानुन के मजाक बनावल चौरसिया सिकायत कईनले बानी ।

आपन जमिन नक्सा मे ना बढी बा ना घटी दुसर कर्मचारी से चेक जाँच करवालेहले बानी मात्र पईसा कमाए के नियत से जालझेल अमिन सब कर रहल चौरसिया जानकारी करावले बानी ।

आदर्शकोतवाल गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ खजुरी के रामबाबु महतो नापी कार्यालय मे जब से कम्युटर से नक्सा के काम होरहल बा तब से जमिन बढल देखा के अमिन लोग रोपेया लेके काम कररहल सिकायत कईले बानी ।

निमन काम भईला पर ना निमन भईल जालझेल रहल बा कह के सभे सेवाग्रही से पईसा असुले के काम होरहल बा महत्तो आरोप लगावले बानी ।

संघियता आईल माकिर जनता के नापी कार्यालय मे माल कमावेवाल अडा छोड के स्वतन्त्र काम ना होला लेखापढी करेवाला एक आदमी आपन नाम ना छापदेवे के शर्त मे बतावले बाडन ।

बाहर से अनजान लोग आवेला फाट कहाँ बा पता ना होखेला हमरा सब के सहरा मे काम करावेला सेवाग्राही लोग से दस्तुर से अधिक खर्चा माग के काम करेला लेखनदास जनकारी करावले बानी ।

नापी कार्यालय मे जमिन के नापनक्सा सिमाना छुटयावे के, नक्सा प्रिन्ट, ट्रेस नक्सा आ फिल्डबुक उतार के खातिर सरकारी दस्तुर लागेला जवना के रसिद दु बजे तक कटावला पर लागेवाला दस्तुर मे १० रोपेया से ५० रोपेया तक थप के लेहल सेवाग्राही लोग के सिकायत रहल बा ।

कार्यालय से तोकल समय के वाद दु बजे के पछाडी दोबर दस्तुर लेके लागेवाला रोपेया के मात्र रसिद देहल जारहल काम करावे आईल लोग के आरोप रहल बा ।

नापी कार्यालय के अनेकन फाँस से उठल घुस के रोपेया मे आधा कार्यालय प्रमुख के खातिर जाला कहके एक कर्मचारी नाम ना छापेके शर्त मे बतवले बानी ।

नियमित कार्यालय प्रमुख महासेठ से पुछला पर कर्मचारी लोग कवनो किसिम के रोपेया ना लेरहल बा मात्र सरकार से तोकल रोपेया बाहेक कवनो किसिम के लेहल मिलला पर कारवाही कईल जाई बतावले बाडन ।

सरकारी दस्तुर के रकम दु बजे तक लेहल जाला अउरी असहाय लोग आईला पर समय वाद मे भि रसिद काटल जाएके जनकारी करावले बानी ।

सेवाग्राही सब से बात करत आपन मनोपोली भईल बात मात्र करे के करहल बाडन नियमित प्रमुख महासेठ जवना से प्रस्ट होरहल बा कि उनकर ईसारा मे घुस लेहल जारहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।