बारा मे जुवा खेलेवाला १० जने पकडईले

प्रभु यादव
बारा १२ अगहन
बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वडा नं.२ सिमरा मे सिमरा पाराडाइज होटल से १० जने जुवा के खेलनिहार पकडाइल बाडन ।
जुवा के खेलनिहार लोग जम्मा होकर के रकम के हारजित कर के जुवा खाल बना के बाजी थाप के जुवा कौडा खेलरहल बिशेष सूचना मिलल पर जिल्ला प्रहरी के टोली छपामारी कर के पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
रात के समय मे घेराबन्दी कर के सर्च कइला पर होटेल के कम्पाउण्ड भितर पछाडी साइड मे रहल झोपडी मे से जुवा खेलेला काम लागेवाला म्याट, पाउडर, कौडी थान–१६ आ नगद पाच लाख ८२ हजार पाच सय ५० रोपेया सहित १० जने के प्रहरी कडले बा प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।
पकडाईल लोग के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे लेयाके जुवा मुद्दा अन्तरगत मुद्दा दर्ता कर के थप अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






