शीतलहर के जोखिम न्यूनिकरण के बारे मे छलफल

प्रभु यादव

बारा १२ अगहन

शीतलहर से होखेवाला जोखिम न्यूनिकरण के खातिर बारा मे पूर्व तईयारी सुरु कईल बा ।

बारा के कोल्हबी नगरपालिका मे जिल्ला समन्वय समिति के आजु बईठल बईठक मे शीतलहर से होखेवाला जोखिम न्यूनिकरण के खातिर सुरु करेवाला पूर्व तईयारी के बारे मे छलफल भईल बा ।

बईठक से शीतलहर के पूर्व तईयारी करेके लगायत अनेकन निर्णय कईल जिल्ला समन्वय समिति बारा के सभापति नवल किशोर सिंह जानकारी देहनी ।

बइठक से कोरोना महामारी के चलते अगाडि बढे ना सकल विकास के कामसब तेजी मे अगाडि बढावे के, शैक्षिक क्रियाकलाप जरुरी सतर्कता के साथ सञ्चालन करेके निर्णय भईल उ बतवनी ।

एहितरे कृषक के जरुरी मुताविक खाद उपलब्ध करावे खातिर रासायनिक मल के कोटा बढावे खातिर सम्बन्धित निकाय मे निहोरा करेके, कृषिबाली मे देखल गईल अनेकन किरा के प्रकोप के न्यूनिकरण तथा नियन्त्रण करे खातिर प्रदेश भा संघ से कृषि बाली प्राविधिक भा विशेषज्ञ उपलब्ध करावे खातिर कृषि ज्ञान केन्द्र से पहल करेके, विकास निर्माण के काम हो रहल जगहा मे विद्युतीय पोल हटावेके भईला से नेपाल विद्युत प्राधिकरण के जलदी से पोल हटावे खातिर निहोरा करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।

बईठक मे जिल्ला मे रहल १६ गो स्थानीय तह के प्रमुख, उपप्रमुख, प्रमुख प्रशासकीय सहित प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल, प्रहरी प्रमुख कृष्ण पगेनी, लगायत जिल्ला के अनेकन निकाय के प्रमुख तथा प्रतिनिधि सहभागी रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।