१२ लाख मूल्य बराबर के लाईची पकडाईल

प्रभु यादव

बारा १४ अगहन
बारा पुलीस १२ लाख मूल्य बराबर के लाईची बरामद कईले बा । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–१ पथलैया चोक मे सवारी चेकजाँच के समय मे उ मूल्य बराबर के अलैंची बरामद भईल बा ।

नारायणगढ से काँकडभिट्टा के खातिर चलल बस के छत उपर कागज पत्र ना भईल २६ बोरा मे रहल ६ सय किलो लाईची बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

प्रहरी चौकी पथलैया के टोली शनिचर के दिने बरामद कईल अलैंची जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।