विश्रामपुर मे आधारभुत अस्पताल के शिलान्यास

प्रभु यादव
बारा १५ अगहन
बारा के बिश्रामपुर गाँवपालिका मे १० सैया के आधारभुत अस्पताल के आजु एगो कार्जक्रम के बीच शिलान्यास भईल बा ।
१० करोड ८३ लाख ३६ हजार के लगानी मे १० सैया के आधारभुत अस्पताल १४ कठ्ठा जमिन मे बनावे के खातिर गाँवपालिका के अध्यक्ष अमिरिलाल राउत (पाल) शिलान्यास कईले बानी ।
उ अवसर मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष सुमिन्त्रा देवी, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुनिल प्रसाद केशरी, नेकपा के नेता श्री कौशल किशोर सिंह, वार्ड न. १ आ ३ के वार्ड अध्यक्षलोग हृदानारायण प्रसाद यादव आ शिवचन्द्र प्रसाद यादव, स्वाथ्य प्रमुख अली अकवर हुसैन, योजना शाखा प्रमुख दिपक लाल पाल लगायत के जनप्रतिनिधि आ अनेकन शाखा के प्रमुखलोग के सहभागीता रहल जनावल गईल बा ।