उद्योग अनुगमन करे गईल नापतौल के ४ जने कर्मचारी घुस लेहल आरोप मे पकडईलें

वीरगंज २० अगहन

उद्योग अनुगमन के समय मे घुस लेहल आरोप मे गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय वीरगंज के ४ जने कर्मचारी के जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा नियन्त्रण मे लेहले बा ।

कार्यालय मे कार्यरत सहायक निरीक्षक विरेन्द्र उपाध्याय, कार्यालय सहजोगीलोग पदम बहादुर रोक्का, सत्य नारायण चौधरी आ सवारी चालक उदय प्रताप सिंह के प्रशासन नियन्त्रण मे लेहले बा ।

एगो टेक्सटायल उद्योग मे अनुगमन के समय मे उलोग ११ हजार रोपेया घुस लेहला से नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईलल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ जानकारी देहनी । ‘उद्योग अनुगमन के समय मे ११ हजार घुस लेहल पुष्टि भईला के बाद बियफे के दिने उलोग के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा,’ कहत उ, ‘दु जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा, संक्रमणमुक्त भइला के बाद अख्तियार के जिम्मा लगावल जाई ।’

गुणस्तर तथा नापतौल कार्यालय के प्रमुख बरिष्ठ निरीक्षक शशीभुषण यादव के मुताविक कार्यालय हप्ता मे दु÷तीन दिन नियमित अनुगमन करत आ रहल बा । हप्ता भर कईल अनुगमन के रिपोर्ट हरेक शुक के दिने उपरला निकाय मे बुझावेके पडेला ।

‘गण्डक चोक के कुछ उद्योग मे नापतौल कार्यालय से अनुमति ना लेके तौल कईल जा रहल कहके सूचना अईला के बाद बियफे के दिने उलोग अनुगमन के खातिर निकलल रहलन,’ कहत उ, ‘माकिर उलोग टेक्सटायल उद्योग अनुगमन करे गईल रहलन । प्रमुख जिल्ला अधिकारी उलोग के प्रशासन मे लियावे के कहनी । घटना के बारे मे त हमरा बाद मे मात्र जानकारी भईल ।’

उलोग टेक्सटायल उद्योग के अनुगमन के बाद तौल करेके मेसिन खराब बा कहके नियन्त्रण मे लेहले रहलन । बाद मे बार्गेनिङ करके ११ हजार रोपेया घुस लेके काँटा फिर्ता कईले रहलन ।

घुस लेहल उजुरी प्रमुख जिल्ला अधिकारी तामाङ समक्ष अईला के बाद उलोग के जिल्ला प्रशासन बोलावल गईल रहे । कर्मचारीलोग ११ हजार घुस लेहल आ गाडी मे बाँडफाँट कईल स्वीकार कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।