वीरगंज मे मजदुर के प्रदर्शन

वीरगंज २८ अगहन

पर्सा–बारा औद्योगिक करिडोर के मजदुर वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन । सरकार आ रोजगारदाता दुनु ओरी से श्रमिक शोषित आ असुरक्षित होखेके पडल कहत उलोग एतवार के दिने प्रदर्शन कईले बाडन । मजदुर वीरगंज–११ श्रीपुरस्थित श्रम तथा रोजगमर कार्यालय, वीरगंज से जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा तक प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रदर्शन मे सहभागीलोग हमनी के आन्दोलन जारी बा, मजदुर एकता जिन्दावाद, ठेक्का पट्टा अन्त्य कर, निष्कासित मजदुर के बहाली कर, श्रम ऐन कार्यान्वयन कर, वेतन वृद्धि लागू कर लगायत के नारा लगवले रहलन ।

कोभिड–१९ के समस्या देखावत बारा, पर्सा लगायत देशभर श्रमिक के पारिश्रमिक कटौती, आपूर्तिकर्ता मार्फत श्रमिक नियुक्ती करके नियमित श्रमिक कटौती, सम्झौता अनुसार के सेवा सुविधामा ना देहल मजदुर के सिकाईत बा । सरकार के ओरी से २÷२ बरीस मे वृद्धि होखेके वेतन वृद्धि भी रुकल उलोग बतवले बाडन ।

अखिल नेपाल औद्योगिक मजदुर संघ के आव्हान मे भईल प्रदर्शन के बाद उलोग श्रम तथा सामाजिक सुरक्षा मन्त्रालय मे ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आ श्रम तथा रोजगार कार्यालय मार्फत मन्त्रालय मे ज्ञापनपत्र पठवले बाडन ।

ज्ञापनपत्र बुझत सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल आ श्रम कार्यालय के निमित्त कार्यालय प्रमुख सुन्दर श्रेष्ठ ज्ञापनपत्र सम्बन्धित जगहा मे जलदी पठावे के आश्वासन देहले बाडन ।

अनेकन प्रतिष्ठान मे देखल गईल समस्या समाधा के खातिर ट्रेड युनियन से पहल कईला पर दर्जनो मजदुर निष्काशन मे पडल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा । एहितरे श्रम कार्यालय श्रमिक से उद्योगी के पक्ष मे बेसी खडा होखेके, प्रतिष्ठान मे होखेवाला वासस्थान कोष रोजगारदाता से कानुन विपरित सञ्चालन कर रहल, राष्ट्रिय कल्याणकारी कोष २५ बरीस मे अरबो रकम जम्मा कईला पर भी श्रमिक के पक्ष मे शून्य अवस्था मे रहल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख कईल बा ।

सरकार आ रोजगरदाता दुनु ओरी से शोषित आ असुरक्षित भईला से मजदुर उपर होत आईल विभेद आ अत्याचार तत्काल बन्द करे खातिर अखिल नेपाल औद्योगिक मजदुर संघ निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।