सप्तरी आ सिराहा के दु जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु

जनकपुरधाम २३ कुवार
सप्तरी आ सिराहा के दु जने कोरोना संक्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
सप्तरी के रुपनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के ३३ बरीस के पुरुष आ सिराहा के लहान नगरपालिका–६ के ४८ बरीस के जनानी के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल सप्तरी के पुरुष सब इन्जिनियर रहलन ।
मुटु सम्बन्धी रोग से पीडित उ ईललाज के खातिर काठमाण्डु के मेडिकल कलेज मे भर्ना भईल रहलन ।
ईलाज के समय मे स्वाब संकलन कईला पर पोजेटिभ आईल आ उनकर बियफे के दिने मृत्यु भईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय सप्तरी जनवले बा ।
सिराहा लहान के ४८ बरीस के जनानी के ललितपुर के पाटन अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । बोखार अईला के साथे श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उनका के बितल कुवार १३ गते पाटन अस्पताल मे भर्ना कईल जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय सिराहा के निमित्त प्रमुख कृष्णदेव यादव जानकारी देहनी ।
ईलाजज के समय मे कोरोना पोजेटिभ देखल गईल उनकर ईलाज के समय मे कुवार १९ गते हि मृत्यु भईला पर भी जिल्ला मे आजु मात्र जानकारी आईल यादव बतवनी ।






