ऊँख किसान माइतीघर से सुरु कईलें आन्दोलन

काठमाण्ड २८ अगहन

सर्लाही के ऊँख किसान काठमाण्डु केन्द्रित आन्दोलन सुरु कईले बाडन । चिनी मिल सञ्चालक से बक्यौता रकम उठावे खातिर सरकार से कईल बाचा पुरा ना भईल कहत एतवार से उलोग काठमाण्डु के माइतीघर मण्डला मे धर्ना देवे लागल बाडन । उलोग बितल बरीस के पुस १६ गते भईल सम्झौता कार्यान्वयन करेके माग कईले बाडन ।

माइतिघर मण्डला से निकास ना निकलला पर सिंहदरबार आ बालुवाटार घेराव तक के आन्दोलन करेके उलोग के चेतावनी बा ।

ऊँख किसान संघर्ष समिति सर्लाही के संरक्षक राकेश मिश्र के मुताविक सरकार किसान सँगे कईल बेर बेर के बाचा मुताविक अगहन २६ गते तक किसान बक्यैता प्राप्त करेके भईला पर भी एक बरीस के समय मे कउनो प्रगति ना भईल मिश्र बतवनी ।

उलोग तिहार से पहिले भी उद्योग मन्त्री से भेट करके हमनी के आपन माग रखले रहनी । मन्त्री पईसा दिलावे के बाचा कईले रहनी ।

माकिर, किसान सँगे भईल सम्झौता कईला पर भी ओकर कार्यान्वयन ना भईला के बाद निर्णायक आन्दोलन करेके क्षण मे पुगेके पडल किसानलोग बतवले बाडन ।

काठमाण्डु केन्द्रित आन्दोलन के कार्जक्रम अन्तरगत माइतीघर मण्डला मे शान्तिपूर्ण धर्ना देवेके, नागरिक समाज, सञ्चारकर्मी आ मानवअधिकारकर्मी के आपन ब्यथा सुनावे के लगायत के तईयारी किसानलोग के बा ।

माइतीघर से निकास ना निकलला पर चरणबद्ध रुप मे सिंहदरबार आ बालुवाटार घेरेतक के आन्दोलन के खातिर किसानसब तईयार भईल संरक्षक मिश्र बतवनी ।

चार गो चिनी मिल से ऊँख किसान करोडो रोपेया बक्यौता मिलेके बाँकी बा । सरकारी तथ्यांक मुताविक ऊँख मिल से किसान के अभी भी ५२ करोड से बेसी बक्यौता लेवेके बा ।

जउना मुताविक श्रीराम सुगर मिल २६ करोड, इन्दिरा सुगर मिल ४ करोड ७० लाख, लुम्बिनी सुगर मिल ८ करोड ४१ लाख तथा अन्नपूर्ण सुगर मिल १७ करोड रोपेया किसान के बुझावे के बाँकी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।