प्रदेश २ मे वनसम्बन्धी विधेयक प्रमाणीकरण

जनकपुरधाम १ पुस

प्रदेश २ मे वन सम्बन्ध मे व्यवस्था करे खातिर बनल विधेयक प्रमाणीकरण भईल बा ।

बुध के दिने प्रदेश के प्रमुख तिलक परियार विधेयक प्रमाणीकरण कईले बाडन । ई विधेयक प्रदेश सभा से पारित होके २ महिना पहिले प्रदेश प्रमुख के कार्यालय मे प्रमाणीकरण के खातिर आईल रहे ।

प्रदेश प्रमुख परियार नेपाल के संविधान के धारा २०१ के उपधारा २ बमोजिम प्रमाणीकरण कईल उ कार्यालय जनवले बा ।

प्रदेश प्रमुख के रुप मे परियार अईला के बाद ई सहित १४ गो विधेयक प्रमाणीकरण भईल प्रदेश प्रमुख के कार्यालय जनवले बा ।

प्रदेश प्रमुख के कार्यालय के मुताविक प्रदेश मे प्रमाणीकरण होखेके विधेयक के संख्या ३६ पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।