युवा संघ नेपाल के कलैया उपहमानगरपासलका नगर कमिटी गठन
प्रभु यादव
बारा २२ चईत
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे युवा संघ नेपाल के नगर कमिटी गठन भईल बा । हरिओम प्रसाद साह के अध्यक्षता मे ५९ सदस्यीय नगर युवा कमिटी गठन भईल जिल्ला अध्यक्ष राम यादव जनकारी करावले बानी ।
नेकपा एमाले बारा शाखा के कार्यालय मे सनिचर के दिन नगर भेला से युवा संघ नेपाल के नगर कमिटी गठन कईल गईल अध्यक्ष यादव जनकारी करावले बानी । गठित नगर कमिटी मे उपाध्यक्ष संजिव यादव, सचिव जितेन्द्र साह, सहसचिव धिरेन्द्र यादव, कोषाध्यक्ष मे तारिफ अंसारी चयन भईल बाडन ।
सदस्य मे गिता देवी, अरबिन्द यादव, दिपेश, रोहित गुप्ता, लालबाबु राम, प्रेम राम, बृजकिशोर पटेल, जितेन्द्र गुप्ता, मरारी जयसवाल, मुन्ना पटेल, रबि थापा एम चन्द्र मिश्रा, उषा देवी साह, सुशील दास सरोज रेग्मी लगायत ५४ जने सदस्य चयन भईल बाडन ।
युवा संघ नेपाल बारा के अध्यक्ष राम यादव के सभापतित्व मे केन्द्रीय सचिव अरूण यादव के प्रमुख अतिथिय मे प्रदेश २ के प्रमुख राजु अचार्य के विशिष्ट अतिथ्यता मे कार्जक्रम भइल रहे ।






