बडकी दिदी के शोक मे कार्यलय छुटी

बडकी दिदी के शोक मे कार्यलय छुटी

प्रभु यादव

बारा २१ माघ

जन जागरण युवा क्लब बारा संस्था अपन कर्मचारी बडकी दिदी के शोक मे २२ गते सोमवार के एक दिन कार्यालय मे छुटी कईल जनकारी करावले बा ।

रौतहट के गढीमाई नगरपालिका के नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय संग्रामपुर मे काम करहल बडकी दिदि अन्जली कर्ण सुगर बढल के कारण शनिचर के दिन उपचार करारहल समय मे २४ बरीस के अल्पआयु मे स्वर्गवास भईल संस्था जनकारी करावले बा । क्लव के सभे काम करेवाला कर्मचारी सब दुःखीत भईल कार्जक्रम संयोजक मनोज यादव जनकारी करावले बानी ।

संस्था के एतवार के दिन बईठक से कर्ण के श्रद्धाञ्जली देहत उनकर दिवंगत आत्मा के शान्ति खातिर सोमार के दिन कार्यालय के सभे कामकाज बन्द करेके निर्णय कईल गईल अध्यक्ष भैयाराम यादव जनकारी करावले बानी । कर्ण समुदाय मे पढाइ करावेला लईकन सब के स्कूल मे सुधार कईल काम के याद करत उनकर मृत्यु से दुःखीत बानी अध्यक्ष यादव बतावले बानी । जन जागरण युवा क्लव परिवार कर्ण के दिवंगत आत्मा के शान्ति मिलो कामना करत दुःख के घडीमे परिवार के सदस्य मे धैर्यधारण करेला भागवान से आग्रह कईल जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।