सञ्चो पोली किल्नीक के उदघाटन

प्रभु यादव
बारा ०५ पुस
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्वर ४ मे सञ्चो पोलि किल्निक के एक समारोह के बिच उदघाटन भईल बा ।
उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य पारस साह कोभिड के महामारी बढल समय मे सरकारी अस्पताल से अधिक निजि किल्निक सहजोग कर के जनता के स्वास्थ्य मे सहजोग कईले बा जवना के खातिर सञ्चो पोली किल्निक जनता के सेवा खातिर तईयार रही कहके विश्वास जनवनी ।
सरकारी अस्पताल मे स्वास्थ्य के सेवा खातिर सब समान रहते सेवा सञ्चालन ना रहल जवना के जिमेवार प्रदेश सरकार रहल बा प्रदेश सदस्य साह जनकारी करावले बानी । किल्निक सञ्चालन सेवा मुखी करे के कहत सेवा देते देते व्यपार अगाडि बढसकता कहत विशेष ध्यान करावले रहनी ।
जनता सब के कलैया मे सम्बन्धित डाक्टर लोग के राख के खुलल सञ्चो किल्निक के सेवा से विशेष स्वास्थ्य मे सेवा पुगे के साह कहनी ।
कार्जक्रम किल्निक सञ्चालक नन्दलाल कुशवाहा के सभापतित्व मे भईल जवना मे कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव, वार्डअध्यक्ष जटाशंकर सहनी, जसपा के केन्द्रीय सदस्य प्रकाश चौगाई, डाक्टर सुशील साह लगायत के लोग शुभकामना देत सफलता के खातिर कामना कईले रहनी ।






