संसद विघटन विरुद्ध नेकपा के कार्यकर्ताद्वारा वीरगंज आ कलैया मे प्रदर्शन
वीरगंज ०५ पुस,
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली से चालल कदम के विरोध मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के नेता कार्यकर्तालोग वीरगंज मे प्रदर्शन कईले बाडन । आउर विकल्प भईला पर भी संसद विघटन के रास्ता छान के असंवैधानिक कदम चालल कहत उलोग वीरगंज के घण्टाघर मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
प्रदर्शन मे प्रचण्ड–माधव पक्ष के नेता कार्यकर्तालोग संघीय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के रक्षा कईल जाँव, गणतन्त्र के पक्षधर एक होखी लगायत के नारा लिखल प्लेकार्ड लेहले रहलन ।
उलोग प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओलीविरुद्ध नाराबाजी भी कईले रहलन । प्रदर्शन मे पुलीस से हस्तक्षेप भी कईले रहे । नेकपा के पर्सा जिल्ला सदस्य मनोज चौधरी के पकड के पुलीस के भ्यान मे राखे लागला पर भी नेता कार्यकर्तालोग विरोध कईला के बाद छोडले रहलन ।
संसद विघटन खारेज कर, असंवैधानिक कदम फिर्ता कर लगायत के नारा लगावत उलोग वीरगंज बजार के परिक्रमा भी कईले रहलन ।
नेता चौधरी संसद विघटन करके प्रधानमन्त्री ओली प्रतिगामीलोग के मुडि उठावे के मौका देहल बतवनी । उ गणतन्त्र के मर्म मे कुठाराघात करत प्रधानमन्त्री ओली तानाशाही लादेके काम कईल टिप्पणी कइनी ।
दोसर नेता शम्भु गुप्ता करिब दु तिहाइ बहुमत के दुरुपयोग करके संसद विघटन के रास्ता खोजल गलत भईल बतवनी ।
“जालझेल करेके, सत्ता टिकावेके आ व्यक्तिगत स्वार्थ के खातिर प्रधानमन्त्री केपी ओली फोहोरी खेल खेलले बाडन,” कहत उ, “संसद मे विकल्प के खोजी ना करके संसद विघटन करके असंवैधानिक कदम चलले बाडन । ई इतिहास के करिया दिन ह ।”
नेता छोटेलाल यादव जनता के अधिकार के विरुद्ध मे संसद विघटन भईल आपत्तिजनक काम भईल बतवनी । नेकपा के केन्द्रीय सदस्य दिनेश राई प्रधानमन्त्री ओली के अहंकारी प्रवृत्ति के चलते आपन पार्टी के सरकार के विरुद्ध मे प्रदर्शन करेके दुःखद् अवस्था सिर्जना भईल बतपनी ।
कलैया मे टायर बारके प्रदर्शन
प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के विरोध मे नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के नेता कार्यकर्तालोग बारा के कलैया मे प्रदर्शन कईले बाडन ।
प्रधानमन्त्री ओली के सिफारिस मे राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी संघीय संसद विघटन कईला के बाद ओकर विरोध मे उलोग प्रदर्शन कईले बाडन ।
प्रधानमन्त्री से चालल कदम के चलते देश के राजनीति गर्माईल बा । संविधान विपरित संसद विघटन भईल कहत देश के अनेकन जगहा मे नेकपा के नेता कार्यकर्तालोग विरोध कर रहल बाडन ।
बारा के कलैया मे नेकपा जिल्ला कमिटी सदस्य ध्रुव यादव सहित के नेता कार्यकर्तालोग टायर बारके नाराबाजी करत प्रदर्शन कईले बाडन ।
संसद विघटन खारेज कर, असंवैधानिक कदम फिर्ता कर लगायत के नारा लगावत उलोग विरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।
नेकपा के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड, वरिष्ठ नेता माधवकुमार नेपाल पक्ष के नेता कार्यकर्तालोग प्रधानमन्त्री के विरुद्ध मे भी नाराबाजी कईले रहलन ।